बरियापुर बजार मे रहल श्री ओम ज्वेलर्स मे चोरी

बारा ०७ माघ

बारा के महागढीमाई नगरपालिका मे रहल सोना चाँनी दोकान मे चोरी भईल बा । बरियापुर बजार मे रहल श्री ओम ज्वेलर्स मे चोरी भईल बा ।

मंगर के रात सटर तुर के चोरी भईल जनावल गईल बा । दोकान मे रहल १ किलो ५ सय ग्राम चाँनी तथा ६ ग्राम सोना चोरी भईला दोकान के सञ्चालक जानकारी करवले बाडन । उ सोनाचाँनी के अनुमानित बजार मुल्य २ लाख रोपेया रहल पुलीस जनवले बा ।

पुलीस चौकी बरियारपुर के प्रहरी निरिक्षक प्रमोद साह घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल जानकारी देहले बाडन । आजु महागढिमाइ नगरपालिका बरियारपुर बाजार मे रहल सोना चानी दोकान मे ५ लाख बराबर के सोना चानी चोरी भीईल पिडित जनवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।