रौतहट के भेडियाही मे छायाँ अपाङ्गता अध्ययन केन्द्र भवन के शिलान्यास

मेवालाल यादव

रौतहट ०७ माघ

रौतहट जिल्ला के परोहा नगरपालिका के मेयर शेख वकिल तथा छायाँ नेपाल के कार्यकारी निर्देशक कमल थापा संयुक्त रुप मे छायाँ अपाङ्गता अध्ययन केन्द्र भवन आजु शिलान्यास कईले बानी ।

परोहा नगरपालिका वार्ड नं ६ भेडियाही स्थित छायाँ अपाङ्गता अध्ययन केन्द्र के भवन हाता भितर एक समारोह के बीच मे आजु मेयर शेख वकिल तथा छायाँ नेपाल के कार्यकारी निर्देशक कमल थापा विधिवत् रुप से ब्रह्ममण द्धारा मन्त्रोचारण पश्चात भवन के शिलान्यास कईले बानी ।

परोहा नगरपालिका तथा छायाँ नेपाल के आर्थिक सहजोग मे उ भवन के शिलान्यास कईल गईल बा ।

रौतहट जिल्ला मे बहिरा, दृष्टिविहीन के जिल्ला के अनेकन विधालय मे पाठक पाठन हो रहला से प्रदेश नं. २ मे कउनो विधालय मे शारीरिक अपाङ्ग लईकालइकी के बढिया शिक्षा ना मिलला के चलते नमुना के रुप मे ई विधालय के शिलान्यास कईल मेयर शेख वकिल बतवनी ।

छाया नेपाल के सहजोग मे परोहा नगरपालिका वार्ड नं ६ भितर २८ लाख ५० हजार लगत मे ३ काठा जमिन किन के भवन के शिलान्यास कईल बा ।

परोहा नगरपालिका के कोष से कुल १४ लाख २७ हजार २ सय ३६ रोपेया तथा छायाँ नेपाल के ओरी से कुल ४२ लाख ८१ हजार ७ सय ९२ रोपेया के लागत मे छायाँ अपाङ्गता अध्ययन केन्द्र के चारकोठे भवन निर्माण के कुल जम्मा रकम ५७०९०२८ सन्तावन लाख नौ हजार अठाइस रोपेया होखे लागल ल्मधब – ल्भउब िके अध्यक्ष राजेश साह जानकारी देहले बानी ।

उ कार्जक्रम मे परोहा नगरपालिका वार्ड नं ६ के वार्ड अध्यक्ष जितेन्द्र पटेल के अध्याक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि शेख वकिल तथा विशिष्ट अतिथि छायाँ नेपाल के कार्यकारी निर्देशक कमल थापा, अतिथि मे रामबाबु पटेल, नेकपा नगर अध्यक्ष श्यामबालक पटेल, नगरपालिका के ईन्जिनियर दिपेन्द्र यादव, तरूण दल के जिल्ला अध्यक्ष नैसाद आलम, सिबिएम के प्रमुख राजेश मस्डी, पत्रकार ललन कुमार चौरसिया लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।