जीवन रक्षा खातिर पाना देवी सरोकारवाला से माग कइनी

प्रभु यादव
बारा १२ माघ
बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ के दलित जनानी सदस्य पनादेवी राम खुद असुरक्षित रहला से जीवन रक्षा के माग कईले बानी ।
कलैया मे आजु पत्रकार सम्मेलन करके खुद के अपहरण शैली मे कलैया लियाके डेर धाक धम्की देखावल बतवले बानी ।
उपप्रमुख रिमा देवी कुसवाहा चढेवाला सरकारी ना १ झ १६४४ नम्बर के गाडी मे वार्ड नम्बर ४ गंगापुर निवासी रामलोचन साह कानु कहेवाला भलवा सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर १० देवापुरटेटा स्थित पुर्व गाबिस अध्यक्ष महाबिर साह कानु के घर अगाडी से जबरजस्ती गाडी मे बईठाके हमरा के कलैया लियावल बतवले बानी ।
हम प्रसुती के काम के खातिर टेटा गईल रहनी । सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर के प्रत्यासी उम्मेदवार एवं कलैया अस्पताल बिकास समिति के अध्यक्ष किशोरी प्रसाद कलवार के निर्देशन मे रामलोचन हमरा के गाडि मे लियावल वार्ड सदस्य पाना बतवनी ।
हमनीसब के सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर बिजयशंकर के फँसा के जेल डालेके बा तु चउथका नगरसभा मे मेयर बिजयशंकर यादव वलजबरजस्ती डेरवा धम्का के सही करावल ब्यान जिल्ला अदालत, सरकारी बकिल के दे, तोहरा के नया कपडा किन देम, पईसा देहेम कहत प्रलोभन मे भी पारल पाना पत्रकार सम्मेलन मे बतवले रहनी ।
अदालत रोड मे रहल समय हमर मरद ढोडा राम हमराके उद्धार कईल पाना बतवनी । हमरा के केहु भी धाक धम्की ना देहल आ हम आपन खुसी से चउथका नगरसभा मे हस्ताक्षर कईल ठोकुवा कईले बानी ।
पत्रकार सम्मेलन मे पाना के मरद ढोडा आपन मेहरारु के कलैया लेगईल जानकारी मिलला के बाद घर से कलैया आवेके समय मे किशोरी प्रसाद कलवार गाली गलोज करत ज्यान मारेके धम्की भी देहल उ बतवनी ।
हमनी दलित समुदाय के आदमी भईला के चलते अईसे ईज्जत प्रतिष्ठा उपर बेर बेर आँच पुगा रहल, ज्यान मारेके धम्की देहल, गाली गलोज कर रहला से बहुते असुरक्षित महसुस होखे लागल बतावत जनिवरक्षा के खातिर पत्रकार, मानव अधिकारकर्मी आ सरोकारवाला निकायसब से निहोरा कइनी ।
ई बिषय मे प्रहरी उपरिक्षक दिपेन्द्र शाही से बुझला पर घटना के बारे मे अनुसंन्धान हो रहल बतवनी ।





