आठ जिल्ला मे एके साथ खोप अभियानय

जनकपुर, १२ माघ
प्रदेश नं २ सरकार कोरोना विरुद्ध के खोप अभियान आठ जिल्ला से एके साथ शुरु करेके निर्णय कईले बा । मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत के अध्यक्षता मे आजु पुरा भईल प्रादेशिक कोरोना सङ्कट व्यवस्थापन समिति के बईठक से माघ १४ गते आठ गो जिल्ला के सदरमुकामस्थित अस्पताल से कोरोना विरुद्ध के खोप अभियान शुरु करेके निर्णय भईल मुख्यमन्त्री सञ्चार सचिवालय जनवले बा ।
खोप अभियान के शुभारम्भ मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल, आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्रकुमार यादव प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम आ सामाजिक विकासमन्त्री नवलकिशोर साह गजेन्द्रनारायण सिंह अस्पताल राजविराज से शुभारम्भ करेके स्वास्थ्य निर्देशक विजय झा जानकारी करवले बानी ।
प्रदेश नं. २ मे खोप अभियान सञ्चालन के खातिर ३४ हजार भाइल प्राप्त भईल आ उ भाइलसब माघ १३ गते तक सभी जिल्लास्थित स्टोर मे पुगावे के निर्देशक झा बतवनी ।
पहिलका चरण मे कोरोना महामारीविरुद्ध अग्र मोर्चा मे खट रहल स्वास्थ्यकर्मी, चिकित्सक, सुरक्षाकर्मी आ सफाइकर्मी के खोप देवेके योजना बा ।
सप्तरी के खातिर ३ हजार ७ सय ५४, सिराहा के खातिर ३ हजार ९ सय ३०, धनुषा के खातिर ९ हजार १ सय ८२, महोत्तरी के खातिर २ हजार १ सय ९१, सर्लाही के खातिर ४ हजार ७ सय ७२, रौतहट के खातिर ३ हजार ६ सय ९, बारा के खातिर २ हजार ३ सय ९५ आ पर्सा के खातिर ४ हजार ९ सय ७१ डोज कोरोना खोप आईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा ।





