लईकालईकी के अनावश्यक प्रयोग मे सरकार रोक लगावता, संस्थागत विद्यालय प्रथामिकता देता

प्रभु यादव
बारा १२ माघ
बारा के प्रसौनी गाँवपालिका के चटिया बाबा खेल मैदान मे भईल राईजिङ्ग सन गोल्डकप के खेल मे पढनियार लईकी लोग के डिजे बजा के मनोरंजन करावलेके परम्परा बढत जा रहल बा ।
फुटबल गोल्डकप खेल सन राईजिङ्ग ईङ्गलीस बोर्डिङ के आयोजना मे भईल रहल रहे । फाईनल खेल मे गाँवपालिका अध्यक्ष भोला गुप्ता के प्रमुख अतिथि रहल कार्जक्रम मे पालिका के वार्ड अध्यक्ष लोग आ अन्य पार्टी के नेता लगायत के लईकी लोग के आयोजक से नचा के मनोरंजन करवले रहलन ।
सर्वजनिक स्थल मे आठ बरीस से १४ बरीस तक के लईकी सब के मनोरंजन करावेला नचावे के मिली की ना जनकारी करेला कईल बात के बारा प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल विद्यालय स्तरीय खेलकुद रहल रहईत तब मनोरंजन करवावे के मिलित माकिर गोल्डकप भईला से मनोरंजन के रूप मे पढनिया लईका सब के प्रयोग कईल निमन ना भईल जनकारी करावले बानी ।
प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष से गोल्डकप मे कईल गईल मनोरंजन मे सम्बन्ध मे हम जनकारी कराएम कहके प्रमुख जिल्ला अधिकारी नेपाल जनकारी देहनी । प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष भोला गुप्ता से जनकारी कईला पर मनोरंजन करावल के अन्याथा ना लेहल जाई जनकारी देहनी ।
एन पेप्सन बारा के अध्यक्ष प्रभु कुशवाहा से जनकारी लेहला पर मनोरंजन करावल जाला ओही से मनोरंजन करावले रहलन जनकारी करावले रहनी । छोट छोट लईका लईकी के सर्वजनीक जगह मे नचावल निमन बात ना भईल जनकारी करावले रहनी ।
प्रसौनी गाँवपालिका के महिला तथा बालबालिका शाखा के निशा थापा अनावश्यक रूप मे लईकालईकी के प्रयोग कईल निमन बात ना भईल जनकारी करावले रहनी ।
आपने जगह मे ओईसन समस्या ना आईल बा आज जनकारी भईल बा कार्यालय मे छलफल कर के रोके के काम करे के जनकारी करावले बानी ।
प्रसौनी गाँवपालिका के शिक्षा शाखा प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राकेश ओझा शिक्षा से सम्बन्धित भईल बात रहल कार्जक्रम से पहिले पालिका से समय तालिका से नियम के लिखित जनकारी कराके करे चाहिँ जवना के जनकारी ना भईल बतवनी ।
खेलकुद मे पढनिया लईकालईकी के रूची राखल निमन बा माकिर मनोरंजन के रूप प्रयोग कईल गईल निमन बात ना भईल जनकारी कराले रहनी । राईजिङ्ग सन ईगलिस बोर्डिङ के प्रिन्सिपल मार्क डिक्रुज से सम्पर्क करे खोजला पर मोवाईल के सुईच बन्द रहल रहे ।
सर्वसधारण जनता खेलकुद मे लेया के पढनियार लईकी सब के मनोरंजन के रूप मे नचवावल गल्त रहल आरोप रहल बा ।
नेपाल मे बरीसो बरीस से रोपेया आवेला सरकारी आ गैरसरकारी लोग सचेतना के नाम मे खर्च होखेला माकिर लईकालईकी नचावल गल्त बात रहल सर्वसाधारण के कहनाम रहल बा ।






