स्रिमौनगढ नपा से निःशुल्क परिवार नियोजन अप्रेसन सुरु

प्रभु यादव

बारा १३ माघ

बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नम्बर ५ उचिडिह स्वास्थ्य चौकी मे परिवारनियोजन के अप्रेसन सञ्चालन कईल गईल बा ।

बालबच्चा से पूरा भईल लोग के स्थाई परिवार नियोजन के खातिर बन्धयाकरण कार्जक्रम अन्तर्गत मिनिल्याप भेक्सोटोमी क्याम्प के आयोजना कर के अप्रेसन कईल जारहल सिम्रौनगढ नगरपालिका के राजिव यादव जनकारी करावले बानी ।

स्वास्थ्य कार्यालय बारा के सहजोग आ सिम्रौनगढ नगरपालिका के सञ्चालन मे परिवार नियोजन के स्थाई बन्धयाकरण अप्रेसन मे डाक्टर मुस्तकीम मंसुर, हेल्थ असिस्टेन्ट भागरत साह, स्टाफ नर्स शशिकला साह सि अनियमी रिता चौधरी, सहयोगी किशोरी पंडीत आ मेघराज महतो लगायत के लोग सहजोग कर रहल उचिडिह स्वास्थ्य चौकी सिम्रौनगढ के ईन्चार्ज रवि यादव जनकारी करावले बानी ।

स्वास्थ्य कार्यालय बारा, कलैया के परिवार नियोजन अधिकृत राधेवेन्द्र कर्ण बारा मे तीन सय जने के स्थाई बन्धयाकरण अप्रेसन करेला प्रदेश सरकार से १० लाख रकम के योजना मे करे के मिलल जनकारी करावले बानी ।

बारा के कोल्हवी के रमपूर्वा मे एक सय एक जने के करैयामाई गाँवपालिका के नरही मे एक सय ४१ जने के अप्रेसन कईल गईल अधिकृत कर्ण जनकारी करावले बानी । सिम्रौनगढ मे बाकी रहल ५८ जने के अप्रेसन करे के खातिर क्याम सञ्चालन कईल जारहल कर्ण बतावले बानी ।

कोल्हवी, करैयामाई मे बहुते के छोडे के पडल आ सिम्रौनगढ मे दु सय जने के संख्या मे अप्रेशन करावे के खातिर माग रहल बा प्रदेश सरकार से अप्रेसन करे के कोटा बढा ना रहल से आपना सब के बेसी लोग के ना करे सके के अधिकृत कर्ण जनकारी करावले बानी ।

गरिब आ असाहाय सब के निःशुल्क अप्रेसन से सहयोग मिलरहल बा माकिर चाहना भईल लोग के मोताबिक बजेट के अभाव मे पूरा ना कईल जारहल अधिकृत जनकारी करावले बानी ।

प्रदेश सरकार से देहल गईल कोटा क्याम्प चलल जगह मे पूरा होगई माकिर बरियारपुर आ पचरौता बाकी रह गईल जवना जगह कोटा ना भईला से सञ्चालन ना करे सके के जनकारी अधिकृत कर्ण देहले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।