बारा मे बुध के दिन से कोरोना के सुई लगावल जाई

प्रभु यादव

बारा १३ माघ

कोरोना के पहिलका चरण के सुई लगावेला बारा मे बुध के दिन से लगावे के तईयारी पूरा कईल गईल बा ।

कोरोना के फोकल पर्सन शंकर गुप्ता माघ १४ गते सवेरे के ११ बजे से कलैया अस्पताल मे पहिलका चरण मे स्वास्थ्यकर्मी, सरसफाइकर्मी आ जोखिम होखेवाला जगह मे रहेवाला सुरक्षा कर्मी के कोरोना के सुई बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल उदघाटन कर के सुरू करे के कार्जक्रम रहल जनकारी करावले बानी ।

दु हजार छव सय ६० जने के लगावे के सुई बारा मे साम तक आरहल बा गुप्ता जनकारी करावले बानी । पहिलका दिन कलैया अस्पताल के कर्मचारी आ कलैया उपमहानगरपालिका भित्र के लक्ष्य रहल लोग के सुई लगावे के जनकारी देहले बानी ।

बारा मे रहल १६ पालिका के बुध के दिन तालीका बना के देहल जाई ।

सुई लगावे वाला काम पाँच दिन तक के रहल बा ना भईला पर दु दिन थप कर के भि सुई देहल जाएके गुप्ता जनकारी करवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।