बारा मे कोभिड–१९ विरूद्ध के सुई लगावल सुरू

प्रभु यादव
बारा १४ माघ
बारा के कलैया अस्पताल मे कोभिड–१९ के विरूद्ध मे सुई लगावेला प्रमुख अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव रिबन काट के उदघाटन कईल बानी ।
मेयर यादव कोरोना–१९ के सुई लगा के स्वास्थ्यकर्मी आ सरसफाईकर्मी लोग के काम करेमे उत्साह बनावल गईल उदघाटन करत अईसन जनकारी करावले रहनी । बारा सहित देश भर एके पटक मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) बिरुद्ध सुई लगावे के अभियान सुरु भईल बा ।
बारा के सदरमुकाम कलैया स्थित जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय मे स्वास्थ्यकर्मी से कलैया अस्पताल के मेसु डाक्टर गौरव महतो सुई लगवा के अभियान सुरु कईले रहलन ।
कलैया अस्पताल के दवाई फर्मेसी के दिनेश यादव, डाकटर, नर्स लगायत के लोग कोभिड विरूद्ध के सुई लेहले बाडन । जिल्ला जनस्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख रामनरेश यादव २३ सय जने के कोरोना भाइरस विरुद्ध सुई लगावे के पडी जनकारी करावले बाडन ।
प्रमुख यादव बारा जिल्ला मे पहिलका चरण मे कोरोना भाइरसविरुद्ध अग्रमोर्चा मे रहल काम करहल स्वास्थ्यकर्मी, स्वब व्यवस्थापन करे मे काम करहल सुरक्षाकर्मी, सरसफाइकर्मी, एम्बुलेन्स चालक लोग के सुई लगावे के जनकारी करावले बानी ।
कोरोना विरुद्ध के सुई विभाग से आगईल बा जिल्ला अस्पताल मे भण्डारण कर के राखल गईल जन स्वास्थ्य कार्यालय बारा के प्रमुख यादव जानकारी करावले बानी ।
बुध के दिन पहिलका दिन करीब ६० जने के सुई लगावल गईल जनकारी देहनी । उदघाटन कार्यक्रम बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी एवम जिल्ला विपत व्यवस्थापन समिति संयोजक दिपक राज नेपाल के सभापतित्व मे भईल जवना मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रमुख दिपेन्द्र शाही सहित सेना प्रमुख लगायत सुरक्षाकर्मी, स्वास्थ्यकर्मी, सन्चारकर्मी लगायत के उपस्थिति रहल रहे । नेपाल के भारत से बियफे के दिन १० लाख डोज अनुदान मे कोभिड– १९ के सुई उपलब्ध करावले बा ।






