भंसार सुरक्षा गार्ड अबैध मुर्गी पकडलें

मेवालाल यादव
रौताहट १५ माघ
गौर नगरपालिका वार्ड नं. १ स्थित बेलविछ्वा जाएवाला रास्ता से आजु सबेरे करिब ८ बजे के समय मे भंसार सुरक्षा गार्ड अबैध मुर्गी बरामद कईले बा ।
भारत के बैरगनिया से भंसार छली नेपाल लिया रहल अवस्था मे ५० किलो मुर्गा पकडले बा । पकडाईल मुर्गाी के दाम १५ हजार रहल जनावल गईल बा । भंसार सुरक्षा गार्ड के गस्ती देख के २ गो झोला मे मुर्गी बेवारीसे अवस्था मे बिग के तस्करलोग भागल रहलन ।
पकडाईल अबैध मुर्गी क्वारेन्टाईन तथा भद्रभलादमी, पत्रकार के रोहवर मे भंसार सुरक्षा गार्डको कार्यालय मे खान्ता खोन के हलावल गईल बा ।






