लईका हत्या के अभियुक्त ४ बरीस के बाद पकडईलें, बालयौन दुरुपयोग कईल दावी

वीरगंज १६ माघ
९ बरीस के राजन पटेल के बहुदरमाई नगरपालिका– ८ घर भईला पर भी वीरगंज मे रहत आईल रहलन । उ ग्रेस इङलिस बोर्डिङ स्कुल मे किलास ३ मे पढत रहलन । २०७३ कुवार १९ गते वीरगंज मे लागल मेला देखे गईल समय से उ बेपत्ता भइलन ।
बिहान भईला सबेरे ६ बजे वीरगंज–१४ चिनिमिल आवास क्षेत्र भितर लास मिलल । घाँस झारपात सहित पानी जमल खाली जगहा मे चित अवस्था मे लास रहे । लास के प्रकृति देखला पर पिटपाट करके हत्या कईल जईसन देखल गईला पर भी हत्यारा पत्ता लागे सकल ना रहे ।
परिवार के सदस्य तथा आफन्त न्याय मिलेके आश मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा दउडत दउडत हरान रहलन ।
माकिर घटना के चार बरीस के बाद पुलीस हत्या के आरोप मे एकजने के पकडले बाडन । लईका के हत्या मे संलग्न के आरोप मे बहुदरमाई नगरपालिका– २ घर भईल वीरगंज– १४ राधेमाई रहेवाला १९ बरीस के रेयन महतो कम्कर पकडाईल बाडन ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पत्रकार सम्मेलन के आयोजना करके आजु कम्कर के सार्वजनिक कईल रहे ।
९ बरीस के लईका पटेल के हत्या मे कम्कर हि संलग्न रहल दावी पुलीस कईले बा । लईका के हत्या के कारण बाल यौन दुरुपयोग कईल (गुद्वार मैथुन) पुलीस के कहनाम बा ।
उहे मुताविक अभियुक्त आचरण व्यवहार रहल सुक्ष्म विश्लेषण करके अभियुक्त तक पुगेमे सफल भईल दावी पुलीस कईले बा ।
कम्करविरुद्ध मृतक के बाबु विनेद पटेल जाहेरी दरखास्त देहले बाडन । कम्कर विरुद्ध कर्तव्य ज्यान मुद्धा मे अनुसन्धान प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।
साक्षी, प्रमाण आ तथ्यसहित कम्कर के पकडल गईल दावी करत पुलीस अदालत मे पेश करेके तइयारी कईले बा ।
पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे समलैंगिक सम्बन्ध राखेके समय मे, अगाडि भा पछाडि घेंट दाबला पर टुटके उनकर मृत्यु भईल हो सकेके बतवनी । ‘९ वरीस के लईका के हत्या करेके कउनो भी कारण देखल गईल नइखे ।
अभियुक्त दारु, लागुऔषध सेवन करेके आ समलैंगिक राखेवाला किसिम के रहल बाडन’ कहत एसपी पाण्डे ‘समलैंगिक सम्बन्ध राखेके समय मे अगाडि भा पछाडि घेंट दाबला पर टुटके उनकर मृत्यु भईल देखल गईल बा ।’
अभिययुक्त हि मेला से भुलियाके लेगईल घटना मे आउर के संलग्नता ना देखल गईल उ बतवनी । ‘अभियुक्त के वितल समय के गतिविधि, लईका के साथीलोग, बाबु लगायत आउर साक्षी आ तथ्य के आधार मे अभियुक्त कम्कर हि हत्या कईल देखल गईल बा’ उ कहनी ।
मृतक के काका वृजकिशोर पटेल अभियुक्त पत्ता लागला के बाद न्याय मिलेके आश जागल बतवनी । ‘अभियुक्त से पहिले से हि चिनजान रहे, उनकर बानी व्यहोरा बढिया ना रहे, नियत भी सफा ना रहे ।
बाबु के हत्या कईल गईल’ कहत उ, ‘४ बरीस से पुलीस कार्यालय दउडत दउडत हैरान रहनी, अबगे आके हत्यारा पकडाईल बाडन, न्याय मिलेके आश बढल बा । अदालत से न्याय दि कहके विश्वास बा ।’






