लागु औषध सहित एक जने पकडईलें

मेवालाल यादव

रौतहट १६ माघ

आजु सबेरे करिब ८ बजे के समय मे ईलाका प्रहरी कार्यालय चपुर आ लागू औषध नियन्त्रण व्यूरो, शाखा कार्यालय, वीरगंज से संयुक्त रुप मे खटल पुलीस टोली रौतहट के चन्द्रपुर न.पा.वार्ड नं.१ स्थित पूर्व पश्चिम लोकमार्ग अन्तर्गत पडेवाला मंगलपुर चोक मे सवारी साधनसब चेकजाँच करेके समय मे लागु औषध सहित एक जने के पकडले बा ।

बागमती से चपुर ओरी आ रहल जिल्ला सर्लाही बागमती न.पा.वार्ड नं.४ सुकदेव टोल रहेवाला मुसहर कुश्वार के बेटा २७ बरीस के शेर बहादुर कुश्वार से प्रयोग करत आईल बा ९३ प ८६१ नं. के पल्सर मोटर साईकल के चेकजाँच कईला पर उनका से पहिनल ज्याकेट भितर पछाडी के भाग मे लुकाके राखल पोलिथिन झोला मे सात गो प्याकेट मे २१०० निट्राचिम्प टयाब्लेट, आईपी नाईट्रोभेट–१० मिलल पुलीस जनवले बा ।

लागु औषध आ मो.सा.सहित पकडाईल के ईलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर मे लियाके सम्मानित रौतहट जिल्ला अदालत से म्याद थप करके हिरासत मे राख के आउर अनुसन्धान हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।