“बीबीआआईएन मोटर भेहिकल्स सम्झौता” कार्यान्वयन करे खातिर व्यवसायी के माग

वीरगंज १७ माघ,
वीरगंज के उद्योगी व्यवसायीलोग बंगलादेश, भुटान, भारत आ नेपाल (बीबीआईएन) बीच भईल सम्झौता कार्यान्वयन होखेके बात मे जोड देहले बाडन । वीरगंज मे आजु इकोनोमिक रिपोटर्स एसोसियसन नेपाल से आयोजना कईल समीक्षा भेला एवम् सम्मान कार्जक्रम मे उलोग अईसन बतवले बाडन ।
सम्झौता कार्यान्वयन भईला पर नेपाली उद्योगी, व्यवसायी आ आयातकर्तालोग तिसरका देश के व्यापार के खातिर बंगलादेश के बन्दरगाहसब भी प्रयोग मे लियावे सकेके उलोग के कहनाम बा ।
दक्षिण एसिया के ई चार देश बीच १५ जुन २०१५ मे मोटर भेहिकल्स सम्झौता (एमभीए) भईल रहे ।
नोभेम्बर २०१४ मे काठमाण्डु मे १८ वाँ सार्क शिखर सम्मेलन भईल रहे । सम्मेलन मे भारत सार्क मोटर सवारी सम्झौता प्रस्ताव कईले रहे । ओमे पाकिस्तान आपत्ति जनईला के बाद सम्झौता होखे ना सकल । ओकरा बाद भारत बीबीआईएन से मोटर सवारी सम्झौता के प्रस्ताव रखलख ।
भुटान के राजधानी मे भईल बीबीआईएन यातायात मन्त्रीलोग के बईठक मे सम्झौतामा हस्ताक्षर भईल रहे । सम्झौता मुताविक सदस्य राष्ट्रसब मे सार्वजनिक भा व्यक्तिगत सवारी साधन, कार्गो एक दोसर के ईलाका मे सवारी साधनसब चलावे खातिर अनुमति दि ।
हरेक सवारी साधन के दोसर देश के भूभाग मे प्रवेश करे खातिर इलेक्ट्रोनिक अनुमति जरुरी पडेला । कार्गो गाडीसब इलेक्ट्रोनिक रूप मे ट्रयाक कईल जाला, अनुमति अनलाइन जारी कईल जाला आ सभी ल्यान्ड पोर्टसब मे इलेक्ट्रोनिक रूप मे पठावल जाला ।
सवारी साधनसब एक इलेक्ट्रोनिक छाप लगावल जाला जउन कन्टेनर दुवारी खोतले मातर नियामकलोग के सचेत करेला ।
कार्जक्रम मे बोलत नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ यातायात तथा पारवहन समिति के पूर्वअध्यक्ष अशोककुमार टेमानी सम्झौता कार्यान्वयन मे अईला पर बंगलादेश के पोर्टसब नेपाली आयातकर्तालोग से प्रयोग करे सकेके बतवनी ।
“बीबीआईएन के सवाल बढिया बा, मोटर भेहिकल्स एग्रिमेन्ट बढिया बा । हमनी बंगलादेश के बोर्डर आ पोर्टसब प्रयोग करे सकेम,” कहत उ “कउनो समय चाउर आयात करेवाला बंगलादेश अभी तीन बाली चाउर उत्पादन कर रहल बा । दक्षिण एशीयाली देश मे मोडल देश के रुप मे अगाडि बढ रहल बा ।”
बंगलादेश, नेपाल आ भारत सम्झौता कार्यान्वयन करेके चाहला पर भी भुटान ना मानल जानकारी खुद के मिलल उ बतवनी ।
नेपाल भारत सहजोग मञ्च के अध्यक्ष एवम् उद्योगी अशोक बैद्य बीबीआईएन देश के गाडी आ सडक के मापदण्ड एके किसिम के ना भईला पर मोटर भेहिकल्स सम्झौता कार्यान्वयन मे समस्या देखल गईल बतवनी । उ सडक के गुणस्तर एक होखेके बात मे जोड देहनी ।
यातायात व्यवसायीलोग से सम्झौता नेपाल के हित मे ना भईल टिप्पणी करत आईल बाडन । सम्झौता कार्यान्वयन मे अईला पर भारतीय व्यवसायी हावी होखेके आ नेपाल के यातायात व्यवसायीलोग धराशायी होखेके उलोग के तर्क बा ।
उद्योग वाणिज्य महासंघ के कार्यकारिणी सदस्य सुवोध गुप्ता राजनीतिक संक्रमण के अन्त्य ना होखे तक देश के विकास से गति लेवे ना सकल बतवनी । उ नेपाली व्यवसायी सक्षम ना भईल क्षेत्र मे मात्र विदेशी लगानी लियावल उचित होखेके बतवनी ।
“सरकार कृषि मे भी विदेशी लगानी लियावे के कह रहल बा, मत्स्यपालन, तेलहन, दलहन बाली के उत्पादन के खातिर ना, हमनी सक्षम ना भईल क्षेत्र मे विदेशी लगानी लियावेके पडि,” कहत उ “बडका हाईड्रोपावर, खानी उत्खनन मे लगानी उपयुक्त होखी ।”
आउर देश आपन देश के व्यवसायी के बँचावे खातिर २ सय प्रतिशत तक एन्टी डम्पिङ ड्युटी लगावल गईल बतावत उ नेपाल सरकार कच्चा पदार्थ आ तईयारी माल मे १५ प्रतिशत ड्युटी फरक करे खातिर निहोरा कईला पर भी ना सुनल बतवनी ।
एसोसियसन नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, खोज पत्रकारिता केन्द्र के अध्यक्ष पत्रकार चन्द्र किशोर, जिल्ला के नेतृत्व मे रहल समय मे उद्योग वाणिज्य संघ के कार्यकारिणी सदस्य मे निर्वाचित होखेमे सफल वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया आ बरिष्ठ उपाध्यक्ष सुवोध गुप्ता के सम्मान कईले रहे ।
नागरिक दैनिक के पत्रकार रितेश त्रिपाठी के संयोजकत्व मे तीन बरीस पहिले गठित एसोसियसन आर्थिक अभियान दैनिक के पत्रकार ओम प्रकाश खनाल के नयाँ संयोजक के जिम्मेवारी देहले बा । उल्था अनलाईन






