ठण्डी से बचेला दु सय ५० जने के बल्यांकेट देहल गईल

प्रभु यादव

बारा १७ माघ

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ४ मे ठण्डी से बचेला दु सय ५० जने के बल्यांकेट देहल गईल बा ।

अभी एकाएक बढल शितलहर से ठण्डी से प्रभाबित भईल जनता के सहज जीवन मे लियावेला गरिब दलित असहाय एकल जनानी लोग के शनिचर के एक कार्यक्रम के बिच बल्यांकेट देहल गईल बा ।

जनता के खातिर ठण्डा के समय मे बहुते असहज भईल बा जवना के वार्ड से गरम कम्बल यानी बल्यांकेट देहला पर आपने जन भावना आ चाहना अनुरुप देवे के वार्ड नम्बर ४ के अध्यक्ष जट्टाशन्कर सहनी जनकारी करावले बानी ।

ब्लायन्केट वितरण कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेश राय यादब अभी के शितलहर मे सब केहु आपन–आपन घर मे छोट छोट लईका लईकी आ ज्येष्ठ नागरिक बुढपुरनीया लोग के बिशेष ध्यान देवेके आउरी आवश्यक काम बाहेक घर से ना निकले के आग्रह कईले रहनी ।

वार्ड अध्यक्ष सहनी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे बिशिस्ट अतिथि बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिपकराज नेपाल, डिएसपी गौतम मिश्र, मालपोत कार्यालय के प्रमुख प्रमोद अधिकारी, वार्ड सदस्य मन्तुर देबी, नेपाली काङ्ग्रेस बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर ३ क के सचिव लक्षमण यादव, नेकपा के युवा नेता डा.शुशिल साह, वार्ड सचिव सन्सरिता कुश्वाहा, स्थानिय नरेश ठाकुर लोहार सहित स्थानिय समाजसेवी लोग के सहभागीता मे ब्लायन्केट बाटल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।