अबैध रोपेया कारोबार कईल आरोप मे सर्राफ पकडईलें

वीरगंज १८ माघ
पर्सा पुलीस अबैध रोपेया कारोबार कईल आरोप मे एक जने के पकडले बा ।
बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ९ घण्टाघर एरिया मे गोपाल प्रसाद सर्राफ से संचालन कईल श्री मनोकामना मनिचेन्जर मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के क्राइम टोली छ्पामारी करके सर्राफ के पकडले बा ।
बितल शनिचर के दिने करिब ३ बजे गोपाल प्रसाद सराफ से संचालन कईल उ मनिचेन्जर मे प्रतिवन्धित ५०० सय के भारतीय नोट ११ सय १५ थान, २०० सय, ५० आ १०० के करके कुल ५ लाख ८४ हजर १०० दस आ नेपाली रु १००, ५००, १०० के करके कुल ३ लाख ९२ हजार ९० गोपाल सर्राफ के पकड के पर्सा पुलीस आजु सँझिया करिब ६ बजे आन्तरिक राजस्व कार्यालय पथलैया पठावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यलय पर्सा के प्रवक्ता मनोजित कुवर बतवनी ।
लम्हर समय से पुलीस के निगरानी मे रहल सर्राफ मुद्रा सटहि काउन्टर मे पुलीस छापा मारके पकडले रहे । उनका उपर आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।






