सिरहा मे थपईलें २१ हजार १० मतदाता

लहान, १८ माघ

सिरहा मे २१ हजार से बेसी नयाँ मतदाता थपाईल बाडन । जिल्ला निर्वाचन कार्यालय के मुताविक जिल्ला मे ११ हजार छ पुरुष आ १० हजार चार जनानी करके २१ हजार १० नयाँ मतदाता थपाईल बाडन ।

सरकार आवेवाला वैशाख १७ आ २७ करके दु चरण मे निर्वाचन घोषणा कईल पिछिलका दिन तक करके मतदाता अद्यावधि करेके समय मे उ मतदाता थपाईल कार्यालय के प्रमुख इन्दिरा यादव जानकारी देहनी ।

बितल २०७४ अगहन मे भईल प्रतिनिधिसभा आ प्रदेशसभा निर्वाचन मे जिल्ला मे एक लाख ८४ हजार १०१ पुरुष, एक लाख ६० हजार २६७ जनानी आ दु जने तेस्रोलिङ्गी करके तीन लाख ४४ हजार ३७० मतदाता रहलन ।

पिछिलका निर्वाचन मे रहल २२१ मतदानस्थल के कायम राखेके निर्णय कईले बा । प्रमुख जिल्ला अधिकारी के अध्यक्ष मे रहल जिल्ला निर्वाचन कार्जक्रम व्यवस्थापन तथा अनुगमन समिति के बईठक से बितल २०७४ के निर्वाचन के समय मे मतदानस्थल के हि कायम राखेके निर्णय कईल कार्यालय प्रमुख यादव जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक निर्वाचन कार्यालय से घोषित प्रतिनिधिसभा सदस्य निर्वाचन के दृष्टिगत करके आयोग के तालिका मुताविक जिल्ला मे मतदाता नामावली अद्यावधिक काम अगाडि बढवले बा ।

इहे माघ १५ गते हरेक स्थानीय तह मे मतदाता नामावली प्रकाशन करके माघ १६ आ १७ गते गलती सँचियावे के खातिर निवेदन देवेके, झुठा विरण विरुद्ध उजुरी देवेके, दोहोरो नामावली हटावे खातिर निवेदन देवेके, मृत्यु भा नागरिकता परित्याग कईल मतदाता के स्थानीय पंिजकार से नामावली सङ्कलन करेके काम ओराईल बा ।

आईल उजुरीसब उपर माघ १८ आ १९ गते सफाइ के मौका देहल आ माघ १८ से २० गते भितर निवेदन के आधार मे गलती सँचियावेके, दोहोरो नामावली हटावेके, स्थानीय पंिजकार से मिलल मृतक मतदाता के नामावली निर्वाचन आयोग मे पठावेके, माघ २० गते दाबी विरोध उजुरी उपर कारवाही करेके आ माघ २१ गते मतदाता के अन्तिम नामावली प्रकाशन करेके कार्जक्रम तय भईल कार्यालय जनवले बा ।

एकरा साथे सिरहा के १७ गो स्थानीय तह मे एक÷एक सहायक निर्वाचन अधिकृत छनोट करके खटवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।