छ महिना मे रु ४८ अरब के डिजेल आईल

वीरगंज १८ माघ
प्रदेश नं २ के मुख्य नाका के रुप मे रहल वीरगंज भन्सार नाका से चालू आर्थिक बरीस के पुस तक मे रु ४८ अरब मूल्य बराबर के इन्धन नेपाल आईल बा । उ समय मे सब से बेसी डिजेल आईल वीरगंज भन्सार कार्यालय जनवले बा ।
नेपाल मे खपत होखेवाला कूल परिमाण के पेट्रोलियम पदार्थ के आधा हिस्सा वीरगंज नाका होत नेपाल आवेला । तथ्याङ्क मुताविक चालू आर्थिक बरीस के छ महिना मे रु ४७ अरब ८७ करोड १७ लाख मूल्य बराबर के पेट्रोलियम पदार्थ भारत से आयात होके नेपाल आईल बा । ई मेसे रु २३ अरब मूल्य बराबर के डिजेल आयात भईल बा ।
तुलनात्मकरुप मे देखला पर पिछिलका आर्थिक बरीस २०७६÷७७ के उहे समय मे डिजेल आयात तीन प्रतिशत से वृद्धि भईल बा । कोरोना महामारी के जोखिम के मध्यनजर करके सङ्घीय सरकार से लगावल नाकाबन्दी के चलते शुरु मे डिजेल आयात घटला पर भी कुवार से आयात क्रमशः बढत गईल भन्सार अधिकृत शैलेन्द्र अधिकारी बतवनी ।
चालू आर्थिक बरीस के छ महिना मे पाँच लाख चार हजार लिटर डिजेल पाइपलाइन से अमलेखगंज डिपो मे आईल बा आ पिछिलका आर्थिक बरीस के छ महिना मे चार लाख ९१ हजार लिटर इन्धन नेपाल आईल बा । भन्सार कार्यालय चालू आव के छ महिना मे डिजेल से करीब २३ प्रतिशत राजश्व उठवले बा ।
भारत के मोतिहारी से पाइपलाइन मार्फत डिजेल आईल नेपाल आयल निगम के अमलेखगंज डिपो से भन्सार कार्यालय रु १६ अरब ६२ करोड डिजेल से राजश्व उठवले बा ।
उ समय मे पेट्रोल आ एलपी ग्यास के आयात घटल बा । पेट्रोल के आयात परिमाण ११ प्रतिशत आ एलपी ग्यास १७ प्रतिशत से बढल वीरगंज भन्सार जनवले बा ।
भन्सार नाका से पिछिलका बरीस के पुस मसान्त तक मे ९० हजार २०४ लिटर हवाई इन्धन आयात भईला मे चालू आर्थिक बरीस के उहे समय मे २६ हजार ११२ लिटर हवाइ इन्धन आईल बा । चालू आर्थिक बरीस के पुस मसान्त तक मे ५८ प्रतिशत से कोइला के आयात बढल बा ।
उ समय मे चार लाख आठ हजार मेट्रिक टन कोइला नेपाल आईल बा । पिछिलका आर्थिक बरीस मे दु लाख ५७ हजार मेट्रिक टन मात्र कोइला आईल भन्सार के तथ्याङ्क जनवले बा ।
भारत के मोतिहारी से बारा के अमलेखगंज डिपो तक पाइपलाइनमार्फत आवेवाला डिजेल के परिमाण नापे खातिर अमलेखगंज डिपो मे विलिङ मेसिन राखल गईल बा ।
उहे विलिङ मेसिन से केतना परिमाण के डिजेल आई उहे मुताविक भन्सार राजश्व उठावेला । उहाँ रहल मिटर मे परिमाण देखल जाज सकता ।






