विद्यार्थी के मृत्यु भईल शोक मे नगर भितर के सभी स्कूल बन्द

मेवालाल यादव
रौतहट १९ माघ
बौधिमाइ नगरपालिका अन्तर्गत के एक सामुदायिक बिधालय मे अध्यनरत एक बिधार्थी के दुःखद निधन के चलते एक दिने सार्वजनिक छुटी देवेके निर्णय कईल बा ।
उ नगरपालिका काल्हु एक सूचना जारी करके ई बात जनवले बा । नगरपालिका अन्तर्गत के वार्ड २ मे रहल श्री आधारभूत विधालय ईनरवा मे किलास १ मे अध्यनरत छात्र अनोज पटेल के घर के छत से गिरके घायल होके ईलाज के समय मे काल्हु एतवार के दिने मृत्यु भईला के बाद मृतक उपर हार्दिक श्रद्धाञ्जली अर्पण करत आजु एक दिन बिधालयसब मे शोक प्रकट करे खातिर छुटी देहल निम्ति प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत रामेश्वर राय यादव द्वारा हस्ताक्षरित सूचना मे उल्लेख रहल बा ।
नगरभर रहल सामुदायिक बिधालयसब के नाम मे एक पत्र लिख के २०७७ माघ १९ गते सोमार के दिने शोक बिदा देवेके कहल गईल बा । साथे बिधालयसब चल रहल दुसरका त्रैमासिक परिक्षा के आजु पडल विषय के परिक्षा आवेवाला माघ २५ गते एतवार के दिन संचालन सम्बन्धित सभी मे जानकारी करावल उ सूचना मे जनावल गईल बा ।





