म्याद थप ना होखेके लिखित कारण माग कईला पर कालिकामाई ना देहलख : साह

वीरगंज १९ माघ

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका एमआइस अपरेटर आ फिल्ड सहायक के म्याद थप ना होखेके लिखित कारण भी उपलब्ध करावेके नइखे मानत । राष्ट्रिय परिचय पत्र तथा पञ्जीकरण विभाग से म्याद थप करे खातिर देहल निर्देशन भी पालना कईले नइखे ।

एमआइस अपरेटर लक्ष्मण साह आ फिल्ड सहायक भेष साह लिखित कारण माग कईला पर भी गाँव कार्यपालिका कार्यालय उपलब्ध करवले नइखे ।

दुनु जने संयुक्त रुप मे अनेकन किसिम के लिखित सूचना माग करत गाँव कार्यपालिका के कार्यालय हरिहरपुर मे मिति २०७७÷१०÷०९ गते हि निवेदन दर्ता करवले रहलन । गाँव कार्यपालिका कार्यालय मे दर्ता नं. ७१९ मे निवेदन दर्ता भईला पर भी १० दिन वितला पर भी सूचना उपलब्ध ना भईल सिकाईत कईले बाडन ।

निवेदन दर्ता करावेके समय मे अधिकृत साह ५ दिन के बाद प्रमाणित कागजात उपलब्ध करावे के बतवले रहलन । पांच दिन के बाद उ कर्मचारी कार्यालय पुगला पर भी सूचना अधिकारी उलब्ध ना करावल बतवले बाडन ।

दुनु जने आपन हाजरी के प्रमाणित प्रतिलिपी, म्याद थप ना होखेके लिखित कारण, कार्यापालिका से म्याद थप ना करे खातिर कईल निर्णय के प्रमाणित प्रतिलिपी, अभी तक के कार्य अनुभव, प्रशासन शाखा से मिति २०७७÷०८÷०८ मे उठावल म्याद के टिप्णी आदेश, हाजिरी ना करेके लिखित कारण लगायत के ७ गो प्रमाणित कागजात सहित के सूचना माग कईले रहलन ।

एकरा से आम नागरिक के सूचना सम्बन्धि के हक भी कुण्ठित भईला से सम्बन्धित निकाय के ध्यान पुगेके जरुरी रहल स्थानिय बुद्धिजिविलोग के कहनाम रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।