देवाहि गोनाहि न.पा. ६ मे खेल मैदान बनावेके योजना स्वीकृत

मेवालाल यादव

रौतहट २२ माघ

रौतहट के देवाहि गोनाहि नगरपालिका वार्ड नं ६ मे खेलमैदान बनेवाला भईल बा । नेपाल सरकार युवा तथा खेलकुद मन्त्रालय मार्फत देवाहि गोनाहि ६ मे खेलमैदान बनावे खातिर मेयर धर्मेन्द्र पटेल के विशेष पहल मे योजना स्वीकृत भईल बा ।

मेयर पटेल नगर भितर के युवालोग के लक्षित करत खेलकुद के माध्यम से स्वास्थ्य आ समुन्नत नगर निर्माण के खातिर युवा के भूमिका महत्वपूर्ण होखेके कहत युवा लक्षित योजना स्वीकृत करावेमे सफल भईला मे स्थानीय युवालोग मेयर पटेल के सराहना कईले बाडन ।

नगरपालिका के वार्ड नं ६ मे खेल मैदान निर्माण बनला पर नगरपालिका मात्र ना होके जिल्ला भर के युवालोग के फायदा पुगेके जनावल गईल बा । सरकार से २ करोड २९ लाख रोपेया विनियोजन भईल बा । नगरपालिका समेत के लगानी रहल ई खेल मैदान मे मन्त्रालय मार्फत भी सहयोग आवेके बतावल गईल बा । मन्त्रालय देवाही गोनाही नगरपालिका लगायत जिल्ला के अनेकन पालिकासब मे भी खेलकुद पूर्वाधार योजनासब स्वीकृत कईले बा ।

कुछ दिन पहिले नेकपा लगायत आउर अनेकन पार्टी परित्याग करके आईल स्थानीय युवालोग के मेयर पटेल आपन पार्टी जसपा नेपाल मे टीका लगाके स्वागत कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।