जनकपुर मे प्रदर्शनकारी आ पुलीस बीच झडप, घायल ४ जने ईलाज खातिर काठमाण्डु गईलें

धनुषा, २२ माघ,
पुष्पकमल दाहाल–माधवकुमार नेपाल नेतृत्व के नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) आम हड्ताल करेके समय मे जनकपुर मे प्रदर्शनकारी आ पुलीस बीच झडप भईल बा ।
जनकपुर के शिवचोक मे पुलीस आ आन्दोलनकारी बीच भईल झडप मे पर के प्रचण्ड–माधव समूह के केन्द्रीय सदस्य रामचन्द्र झा घायल भईल बानी । नेता झा के मुडि मे चोट लागल बा आ झडप मे पर के पुलीस जवान लालबाबु राय भी घायल भईल बानी । झडप के समय मे पुलीस दर्जन राउण्ड हवाईफायर कईले बा । जनकपुरधाम के दोकान बजार बन्द करा रहल प्रदर्शनकारी जानकीचोक से जनकचोक होत शिवचोक पुगला के बाद उलटा रास्ता से आ रहल एगो छोटा भ्यान मे तोडफोड करे लागला के बाद पुलीस हवाईफायर खोेलला के बाद झडप भईल रहे ।
प्रदर्शनकारी गाडी मे तोडफोड करे लागाल पर उहाँ पुगल नेकपा नेता मातृकाप्रसाद यादव पुलीस आ प्रदर्शनकारी के सम्झा रहल समय जनकचोक से पुलीस हवाईफायर करेके आदेश देहला के बाद प्रदर्शनकारी आक्रोशित बनला के बाद तनाव उत्पन्न भईल रहे ।
पुलीस के लाठी से घायल भइल भईल नेकपा प्रचण्ड–माधव समूह के नेता रामचन्द्र झासहित चार जने के आउर ईलाज के खातिर काठमाण्डु पठावल गईल बा ।
पुलीस के लाठी से घायल नेकपा के नेता रामचन्द्र झा, मातृका यादव, धनुषा के शहीदनगर नगरपालिका के प्रमुख उदय बरबयिा आ प्रदीप साह घाईल रहलन ।
घायल के प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे ईलाज कईला के बाद आउर ईलाज के खातिर चारु जने के बुद्ध एयर के विमान से काठमाण्डु पठावल गईल बा । उलोग के नर्भिक अस्पताल मे ईलाज होखेके जनावल गईल बा ।





