ड्युटी मे बेहोस भईल सशस्त्र के इन्सपेक्टर के मृत्यु

प्रभु यादव
बारा २२ माघ
बारा मे कार्यरत एक सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक (इन्सपेक्टर) के मृत्यु भईल बा । बोर्डर आउट पोष्ट कबहीगोठ के इन्चार्ज भी रहल सशस्त्र के इन्सपेक्टर नारायण सिंह ऐर के मृत्यु भईल बा ।
सशस्त्र प्रहरी बल प्रदेश नं २ छिन्नमस्ता बाहिनी के प्रमुख सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक चन्द्रप्रकाश गौतम के मुताविक दार्चुला घर भईल उ ड्युटी के समय मे अचानक बेहोस भईल रहनी । सबेरे से ड्युटी मे खटल उ दिनके अचानक बेहोस भईला के बाद ईलाज के खातिर कलैया अस्पताल लेगईल रहे ।
कलैया अस्पताल आउर ईलाज के खातिर उनका के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे रेफर कईल गईल रहे । माकिर नारायणी अस्पताल अईला पर उनकर मृत्यु भइल चिकित्सकलोग बतवले बाडन ।
नारायणी अस्पताल आकस्मिक विभाग के प्रमुख डाक्टर उदय नारायण सिंह अस्पताल मे मृत अवस्था मे हि आईल जानकारी देहनी । ‘अचानक गिरनी कहके लियावल गईल रहे, माकिर अस्पताल मे लिअईला पर उनकर मृत्यु हो चुकल रहे,’ डा. सिंह कहनी, ‘सडेन डेथ होखेके पछाडि मुटु सम्बन्धि कउनो समस्या हो सकता’ कहनी ।






