नेकपा प्रचण्ड–माधव समूह के आम हडताल से वीरगंज के जनजिवन प्रभावित, पकडाईल ३१ जने छुटलें

भोटा. संवाददाता
वीरगंज २२ माघ
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) प्रचण्ड–माधव समूह से घोषणा कईल आम हडताल के प्रभाव आजु वीरगंज मे भी पडल बा । लम्हर तथा छोटा दूरी के सवारीसाधनसब चले ना सकल माकिर छोटा सवारी साधन साइकल, मोटरसाइकल, अटो, ईरिक्शा कुछ चलल रहे । सबेरे से वीरगंज बजार के दोकानसब बन्द रहला पर भी पुलीस आन्दोलनकारीलोग के पकडे लागला के बाद दुपहरिया से कुछ दोकानसब खुलल रहे । वीरगंज के शिक्षण संस्था पूर्ण रुप से बन्द रहला रहे ।
बन्द सफल बनावे खातिर नेकपा प्रचण्ड–माधव समूह के कार्यकर्तालोग सबेरे से जगह जगह मे टायर बार के प्रदर्शन कईले रहलन । वीरगंज बजार क्षेत्र मे बहुते संख्या मे नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस तैनाथ रहलन । बजार बन्द करावेवाला प्रचण्ड–माधव समूह के ३१ जने कार्यकर्ता के पुलीस पकडले रहे । पकडाएवाला मे नेकपा के वीरगंज महानगर कमिटी अध्यक्ष रहबर अन्सारी, जिल्ला कमिटी सदस्य मनोज चौधरी, सुनिल कुशवाहा, नेतालोग टुनटुन तिवारी, अरविन्द सिंह, अरुण यादव, अनेरास्ववियू के केन्द्रिय सदस्य प्रभाकर गुप्ता, शिवम साह, जुबेर आलम, विद्यार्थी नेता रामबाबु मण्डल, दिलसाद अहमद, धुरेन्द्र पटेल, सोनु अन्सारी, नितेश गुप्ता रहल बाडन ।
पकडाईल लोग के सँझिया छोडल गईल पर्सा पुलीस जनवले बा । एहितरे वीरगंज के घण्टाघर मे आन्दोलनकारी पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आस्मान तामाङ के गाडी मे पथल चलवले रहलन । ओकराबाद पुलीस सुरक्षा व्यवस्था कडाई कईला के बाद आन्दोलनकारी लोग भागल रहलन । पथल चलईला पर भी प्रजिअ के गाडि मे कउनो किसिम के नोक्सानी नइखे पुगल ।
एहितरे प्रचण्ड–माधव समूह के आम हडताल से रौतहट के जनजीवन प्रभावित भईल बा । आजु सबेरे से छोटा तथा लम्हर दुरी के सवारीसाधन ना चलला से जनजीवन प्रभावित भईल बा । आम हडताल के चलते रौतहट के गौर, बंकुल, गरुडा, चन्द्रपुर, समनपुर, कटहरिया लगायत के बजार आंशिकरूप मे बन्द रहे । बजार बन्द करेके समय मे नेकपा प्रचण्ड–माधव समूह के ६ जने कार्यकर्ता के पुलीस पकडले रहे ।






