सांसद् यादव मनियारी मे ढलान सडक आ नाला के शिलन्यास कइनी

वीरगंज २३ माघ

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर १ के प्रतिनिधिसभा सदस्य प्रदीप यादव वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २२ स्थित मनियारी गाँव मे निर्माण होखे लागल ढलान सडक आ नाला के शिलन्यास कईले बाडन ।

५० लाख रोपेया के लागत मे गाँव मे निर्माण करे लागल ढलान सडक आ नाला के सांसद् यादव शुक के दिने एक कार्जक्रम के बीच शिलान्यास कईले बाडन ।’

शिलन्यास कार्जक्रम मे बोलत सांसद् यादव दशको से जनता के मत लेके सरकार बनावत आईल काङ्ग्रेस आ कम्युनिष्ट कउनो काम ना कईला के चलते मधेस के विकास होखे ना सकल आरोप लगवनी ।

काङ्ग्रेस आ कम्युनिष्टलोग ई क्षेत्र से कैयन बेर निर्वाचित होके गईल बाडन माकिर आज तक इहाँ एगो ढलान सडक भी बनावे नइखन सकल, कहत सांसद् यादव, उलोग के चलते मधेस मे अभी तक विकास होखे सकल नइखे । हम निर्वाचित होके अईला के बाद ई क्षेत्र मे सबसे बेसी विकास निर्माण के काम हरु सुरु कईल दाबी कइनी ।

यादव के पहल मे संघ सरकार के शहरी विकास मन्त्रालय से उपलब्ध करावल बजेट से निर्माण होखे लागल १ सय ७५ मिटर लम्हर सडक ढलान आ नाला निर्माण के काम उपभोक्ता समिति मार्फत कईल जात बा ।

मनियारी टोल उपभोक्ता समिति से निर्माण करे लागल ढलान सडक के चौडाई २० फिट होखी । सडक के दुनु ओरी २÷२ फिट के चौडा नाला भी बनावेके उपभोक्ता समिति के सचिव सुनिल साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।