गरिबी निवारण खातिर लघु उधम विकास करेला बतकही कार्जक्रम

प्रभु यादव

बारा २३ माघ

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १५ मे गरिबी निवारण के खातिर लघु उधम विकास कार्जक्रम के वार्ड स्तरीय एक दिने बतकही कईल गईल बा ।

कलैया उपमहानगरपालिका मे रहल २७ गो वार्ड मे से चार गो वार्ड मे गरिबी निवारण करे खातिर लघु उधम विकास के काम करे के कार्जक्रम के सजिकरण करहल तपसि चौरसिया जनकारी करावले रहनी । वार्ड नम्वर ७, १५, २० आ २२ मे लघु उधम विकास के कार्जक्रम पहिलका बेर सञ्चालन कईल जारहल चौरसिया जनकारी करावले रहनी ।

४० जने नया आ ४० जने पुरान लोग के उधम विकास मे सहभागिता करवाके आयआर्जन मे वृद्धि करवावे के लक्ष्य लेके कार्जक्रम के अगाडि बढावल जारहल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव जनकारी करावले बानी ।

दैनिक ज्यालादारी करेवाला मे से उधम विकास के तालिम देके बैंक से जनही पाँच लाख से १५ लाख तक के कम व्याज मे मगवा के व्यवसाय करे के वा छोटा सा उधोग सञ्चालन करा के उत्पादन बढावे मे लगावे के प्रमुख अतिथि मेयर यादव जनकारी करावले रहनी ।

वार्ड अध्यक्ष भोरिक यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे उधम विकास सहजकर्ता रमिता साउथ आ आशिर चौधरी उधम विकास के महत्व के सम्बन्ध मे जनकारी करावले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।