कानु समाज के एक करोड के सम्पती सहजोग

प्रभु यादव

बारा २५ माघ

बारा के महागढीमाई नगरपालिका १० गजभवानीपुर मे कानु समाज के एक करोड के जमिन धर्मशाला के खातिर निःशुल्क सहजोग कईले बा ।

स्थानिय शम्भु प्रसाद साह कानु जात के धर्मशाला बनावे खातिर पाच कठ्ठा जमिन सहजोग देत भुमि पुजा कईले बानी । जमिन दाता शम्भु प्रसाद साह उनकर धर्मपत्नी विजया देवी कानु हिन्दु धर्म के विधि से भुमि पुजा कर के धर्मशाला बनावे खातिर सुरूवात कईले रहनी । जमिन दाता शम्भु साह आ उनकर भाइ सुरेश प्रसाद कानु आपन पिता स्वर्गीय विश्वनाथ साह कानु के स्मृति मे कानु समाज के देके सहयोग कईले रहनी ।

भुमि पुजा के समय भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि महागढीमाई नगरपालिका के मेयर उपेन्द्र यादव नगरस्तरीय आवेवाला आर्थिक बरीस मे ३० लाख के सहजोग करे के प्रतिबद्धता कईले रहनी ।

भुमि पुजा मे आईल कानु हलुवाही कान्दु समाज के केन्द्रीय सदस्य शम्भु साह कानु एक लाख ११ हजार एक सय ११ रोपेया, शम्भु प्रसाद गुप्ता एक लाख २१ हजार, चन्देश्वर प्रसाद गुप्ता एक लाख ११ हजार, चिरंजिवी प्रसाद गुप्ता अउरी महागढीमाई के उपमेयर तारा देवी कानू पाँच लाख देवे के मञ्च से घोषणा कईले रहनी ।

भुमि पुजन कार्जक्रम के सभापति जमिन दाता शम्भु साह के रहल रहे जवना मे कानु समाज के केन्द्रीय सदस्य लोग, समाज बारा के पदअधिकारी, सदस्य लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।