मेयर पटेल स्टेडियम निर्माण काम के स्थलगत निरीक्षण कइनी

मेवालाल यादव

रौतहट २५ माघ

रौतहट के देवाही गोनाही नगरपालिका मे खेल मैदान के खातिर स्थलगत निरीक्षण काम भईल बा ।

नगर प्रमुख धर्मेन्द्र पटेल के अथक पहलकदमी, प्रयास एवं चुनावी प्रचारप्रसार के समय स्थानीयबासी से कईल प्रतिबद्धता मुताविक वार्ड नं.६ कर्कच मे खेल मैदान (प्बचपबअज क्उयचत क्तबमष्गm) निर्माण काम करेके बतवले बानी । निर्माण काम के कुल लागत इस्टीमेट रू. २,२९,४२,००२.७६ (अक्षरेपी रू. दु करोड उनन्तीस लाख बयालीस हजार दु रोपेया छिहतर पईसा मात्र) रहल रोपेया के ३०५ पालिका से व्यहोरेके मेयर पटेल प्रतिबद्धता कईले रहनी ।

युवा तथा खेलकुद मन्त्रालय से स्वीकृत कराके निर्माण करेके प्रक्रिया अगाडि बढावे खातिर विधायक प्रत्यासी नेता बृज किशोर यादव, इश्वरी यादव, स्थानीय युवा प्रभावशाली नेताद्वय दिनेश जी, बिरबहादुर, महेश, किशनन्दन पटेल, पुनप्रताप पटेल, सागिर, राधेश्याम, विष्णु, काशी लगायतके लोग स्थलगत निरीक्षण कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।