पर्यटन बिकास के खातिर प्रदेश सरकार गम्भीर होके लागल बा : मुख्यमन्त्री राउत

वीरगंज २५ माघ,

वीरगंज मे प्रदेश स्तरिय परिचयात्मक भ्रमण कार्जक्रम पुरा भईल बा । नेपाल पर्यटन बोर्ड आ आन्तरिक पर्यटन पुनरुत्थान समिति प्रदेश न.२ के सहकार्य मे प्रदेश २ स्तरिय परिचयात्मक कार्जक्रम बीरगंज के होटेल भिस्वा मे पुरा भईल बा ।

आन्तरिक पर्यटन पुनरुत्थान समिती प्रदेश न.२ के सह–संयोजक मोहन शर्मा लामिछाने के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि प्रदेश न.२ के मुख्यमन्त्री लालबाबू राउत, बिशिष्ट अतिथि होटेल तथा पर्यटन पुनरुत्थान समिति प्रदेश न.२ के अध्यक्ष हिरालाल गौतम, संरक्षण सल्लाहकार युवराज लामा, बिजय झुनझुनवाला, दिपकमान श्रेष्ठ, आन्तरिक पुनरुत्थान समिति प्रदेश न.२ के सह–संयोजक बिष्णु साह, बैकुण्ठ सापकोटा, समिति के सदस्यलोग, सामुदायिक सेवा केन्द्र छपकैया–२ के अध्यक्ष ग्यासुदिन ठकुराई, होटल व्यवसायी संघ पर्सा के सदस्य लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

प्रमुख अतिथि मुख्यमन्त्री राउत पर्यटन बिकास के खातिर प्रदेश सरकार गम्भीर होके लागल आ आवेवाला दिन मे भी आन्तरिक पर्यटन पुनरुत्थान करे खातिर केन्द्रिय पर्यटन मन्त्रीसँगे रहके योजना बनावके बतवनी ।

संरक्षण सल्लाहकार युवराज लामा प्रदेस न.२ मे पर्यटन के बहुते सम्भावना रहल जगहा आ धरोहर रहल बा ओकरा के पहिचान ना कईला से पर्यटक लियावे ना सकल बतवनी । एकरा खातिर संघिय सरकार, प्रदेश सरकार आ स्थानिय सरकार के सहजोग जरुरी रहल बतवनी ।

कार्जक्रम मे प्रदेश संयोजक मनिष झा, सह संयोजक बैकुठ सापकोटा, सह संयोजक विष्णु साह, सह संयोजक मोहन शर्मा लामिछा, बिजय झुनझुन वाला, सैलेन्दर चौधरी सप्तरी, दिपेन्द्र पराजुली मोहोरी, विरेन्द्र साह धनुषा, हिराकाजी योजक सर्लाही, धन्यवाद सहित कार्जक्रम समापन भ्रमण कार्जक्रम संयोजक अभियान के सहसंयोजक मोहन शर्मा कईले रहनी ।

कार्जक्रम के सहजीकरण आन्तरिक पर्यटन पुररुत्थान समिति प्रदेश नं. २ के सदस्य एवंम होटेल व्यवसायी महासंघ प्रदेश न.२ के सचिव तबरेज आलम कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।