चोरी करके भागेके समय मे करेन्ट लागके चोर के मृत्यु

मेवालाल यादव
रौतहट २६ माघ,
बितल २२ गते रात करिब ११ बजे के समय मे वृन्दावन न.पा. वार्ड नं.९ भुसहा टोल मे चोरी करे गईला पर स्थानीयलोग हो हल्ला कईला पर चोर भाकेके समय मे करेन्ट लाग के मृत्यु भईल रहे ।
लगमे रहल पुलीस के जानकारी भईला के बाद भुसहा स्थित गहुँ खेत मे लाश रहल बा कहके सूचना मिलला के बाद तत्काल जिप्रका रौतहट आ ईप्रका गरुडा से प्रहरी टोली खटके उ जगहा मे देखला पर अन्दाजी २४ बरीस के आदमी के लास रहला मे उ बेरा रात भईला से मुचुल्का करेके अवस्था ना भईला से घटनास्थल के पुलीस के टोली पुगके सुरक्षित रखले रहे ।
बिहान भईला डग स्निफिङ सहित घटनास्थल मुचुल्का करके प्रारम्भिक अनुसन्धान कईला पर मृतक आदमी के पेट के बायाँ कोख से दाँया छाती के निचे तक करिया चिन्हा जईसन देखल गईल उ आदमी गुजरा न.पा. वार्ड नं.७ प्रतापपुर पल्टुवा रहेवाला लक्ष्मण महरा के बेटा २४ बरीस के रितु महरा रहल भी बुझल गईल पुलीस जनवले बा ।
उ पहिले से हि अनेकन अपराध तथा चोरी मे संलग्न रहल मिलल बा । जिप्रका रौतहट से मोबाईल चोरी मुद्दा मे तथा ईप्रका चपुर से कुछ सार्वजनिक अपराध आ ईप्रका लक्ष्मिनिया से चोरी डाँका मुद्दा एवं ईप्रका गरुडा से अभद्र व्यवहार कसुर मुद्दा भी चलल बा ।
मृतक रितु महरा २१ गते रात चोरी करेके उद्देश्य से वृन्दावन न.पा. वार्ड नं.९ भुसहा टोल मे महम्मद आलम के घर मे घुसला पर उनका जानकारी भईला पर हल्ला कईला पर भागल रहलन ।
भागके जाएके समय मे रितु महरा के मफलर गिरला पर महम्मद आलम चहेटत गईला पर लमाहा नदी पार करके भागल आ महम्मद आलम खुद से पहिनल लुङगी मे गोड फँसके गिरला पर गोड मे समान्य चोट लागल रहे ।
महम्मद आलम उ मफलर आपन घरमे चोरी करे आईल आदमी के कहके गाँव मे देखईला पर उनकर मेहरारु धुवपतिया देवी राम सनाखत कईले रहनी ।
मृतक रितु राम चोरी के असफल प्रयास के बाद भागेके समय मे वृन्दावन न.पा. वार्ड नं.९ भुसहा रहेवाला शेख मसकुर आलम से जंगली जनावर से बँचे खातिर आपन खेत आरीपाछि करेन्टवाला लगावल अल्मुनियम के तार मे फँस के उनकर मृत्यु भईल पुलीस जनवले बा ।
गोवास घर मे लेजाके लुकाके राखल बतईला के बाद उ मस्कुर आलम के पुलीस आपन नियन्त्रण मे लेके सम्मानित रौतहट जिल्ला अदालत से ज्यान सम्बन्धी कसुर मे दिन ७ के म्याद थप करके न्यायीक हिरासत मे राख के अनुसन्धान कर रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी देहले बा ।






