जानबुझ के बारा मे ६५२ जने कोभिड के सुई ना लेहलें

प्रभु यादव

बारा २६ माघ,

बारा मे पहिलका चरण मे कोभिड के सुई देखसुन कर के छव सय ५२ जने ना लेहले बाडन ।

पहिलका बेर मे सरकार से स्वास्थ्यकर्मी, स्वास्थ्य संस्था मे काम करेवाला कर्मचारी, महिला स्वास्थ्य स्वयम् सेवीका, सरसफाइकर्मी, एम्बुलेन्स आ लास वाहन चालक अउरी शव व्यवस्थापन मे खटल सुरक्षाकर्मी लोग के लगावेला बारा जिल्ला मे दु हजार चार सय १९ जने के नाम लिष्ट रहल जवना मे से एक हजार आठ सय सात जने सुई लेहले बाडन कहके जनस्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख रामनरेश यादव जनकारी करावले बानी ।

कोभिड के सुई मर्दाना मे आठ सय ९४ जने आ जनानी नव सय १३ जने मे माघ १४ गते से २४ गते तक मे कलैया अस्पताल के केन्द्र स्थापना कर के तीन गो टोली से लगावल गईल यादव जनकारी करावले बानी । सुई लेहल लोग मे कवनो किसिम के असर ना देखाई पडल यादव जनकारी करावले बानी । बारा के १६ स्थानिय तह, कलैया अस्पताल, जनस्वास्थ्य कार्यालय आ शव व्यवस्थापन करेवाला सुररक्षाकर्मी लोग मे रहल लक्षित कर्मचारी लोग के सुई लेवेला बारम्बार तगादा कईला वाद देख आ जान के राह देखत छव सय ५२ जने ना लगावे सकल यादव जनकारी करावले बानी ।

कलैया अस्पताल के ९० जने मे से २८ जने आ कलैया उपमहानगरपालिका के कर्मचारी ६१ जने अउरी महिला स्वास्थ्य स्वयंसेवी ८८ जने कर के एक सय ४९ जने नजदीक होखे देख सुन मे पड के सुई ना लेहल प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी । कोभिड के सुई लेवेला स्वेच्छिक रहल जवना से दवाव ना बनावल गईल अउरी स्थानिय निकाय से करेवाला व्यवस्थापन ना भईला से बाकी रहल लोग सुई ना लेवे सकल प्रमुख यादव के आपन अनुभव सुनावले बानी ।

बारा मे दु सय ६६ भ्याक्सिन आईल जवना मे से माघ २४ तक मे एक सय ८१ खर्च भईल आ ८५ गो फिर्ता पठावल गईल प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी । दुसराका चरण मे कोभिड १९ विरूद्ध के सुई लगावेला फागुन १ गते बारा १६ स्थानिह तह के प्रशासनिक कर्मचारी १४ गो सरकारी कार्यालय आ मुख्य बैक के कर्मचारी सब के चार हजार दु सय १६ जने के खातिर तयारी कईल जारहल प्रमुख यादव जनकारी करावले बानी ।

कोभिड १९ के विरूद्ध के सुई लगावे मे खटल सिआर सिटी सहजकर्ता सजिना महर्जन सुई लेवे आईल लोग लगावे से पहिले ओकर नकरात्मक असर के सम्बन्ध मे विशेष जनकारी लेवे के खोजल जनकारी करावले बानी । ओईसही सहजकर्ता प्रकृती शर्मा नयाँ भईला से नकारात्मक असर पर सकत बा शंका कर के कुछ लोग सुई ना लगावे आईल बतावले बाडन । कलैया अस्पताल के कर्मचारी लोग आपना जगह मे भईल कोभिड १९ के विरूद्ध देवेवाला सुई के केन्द्र मे भाग ना लेहल सल्लाह सुझाव ना भईला से रहल बा मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट गौरव महतो जनकारी करावले बानी ।

जलदी मे सुई आईला से स्वास्थ्यकर्मी मे लोग मे जनकारी के अभाव भईला से ना लगावे काम भईल बा जवना के सभे के जनकारी करावे के काम कईल करेम आवे वाला फागुन १ गते मे सभे सुई लगवा लिहे विश्वास बा मेसु महतो जनकारी करावनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।