रौतहट क्षेत्र नं २ मे पहिलका बेर एमबीबीएस डाक्टर सहित के अस्पताल सुरु

मेवालाल यादव
रौतहट २७ माघ
३ करोड के लागत मे पहिलका बेर रौतहट क्षेत्र नं २ के जनता एमबीबीएस डाक्टर सहित के अस्पताल मे सेवा मिलेवाला भईल बा ।
प्रदेश नं २ के एक मात्र नमुना, विकसित, व्यवस्थित, प्रतिपक्षी आ निर्वाचित जनप्रतिनिधि बिच के राजनीतिक सुमधुर सम्बन्ध विकास काम मे सभी के सहकार्य से अगाडि बढत सफल स्थानीय तह के रूप मे चिन्हावत आईल एक मात्र नगर रहल बा ।
नेपाल नगरपालिका संघ प्रदेश नं २ के सभापति तथा रौतहट क्षेत्र नं २ अन्तर्गत पडेवाला परोहा नगरपालिका के युवा जनप्रिय मेयर शेख वकिल आपन राजनीतिक विवेक के प्रयोग से चौतर्फी सडक, नाला, ढल, शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि, खानेपानी, बिधुत आ स्वच्छ वातावरण के खातिर सडक किनारा मे गाछि रोपेके लगायत के काम से जिल्ला एवं प्रदेश मे मात्र ना पुरे नेपाल भर स्थानीय तह मे चर्चा मे रहल बा ।
स्वास्थ्य क्षेत्र मे सबसे बेसी पिछडल क्षेत्र के रूप मे क्षेत्र नं २ रहला से स्वास्थ्य समस्या भईला पर ईलाज करावे खातिर १८ किलोमिटर के लम्हर दूरी तय करके आवेके आ भारत के अनेकन शहर के अस्पताल मे जाएमे बाध्य हो रहल नगर आ क्षेत्रबासी के २०७४ के निर्वाचन से पहिले मेयर वकिल शहरी मन्त्रालय से पहल करके ३ करोड रकम निकासी कराके आधुनिक प्रविधिद्वारा निर्माण काम पुरा करवले बानी ।
उनका से कईल काम से नगरबासी,कउनो भी पार्टी भा समुदाय के भईला पर भी अभी सभी के मुह मे एगो नाम परोहा नपा के मेयर वकिल मात्र रहल बा ।
जउन जगहा के स्वास्थ्य चौकी मे बढिया औषधि, डाक्टर भा आउर सेवासुविधा उपलब्ध ना रहल जगहा मे आजु के दिन मे मेयर वकिल के लगनशीलता से एमबीबीएस डाक्टर सहित के २४ से घण्टा सेवा देवेवाला अस्पताल के निर्माण भईल बखर सुनला पर नगरबासी खुसी भईल जनावल गईल बा ।






