पर्सा पुलीस अबैध दारु भठ्ठी नोक्सान कईलख

मेघराज राय

जिराभवानी २७ माघ

पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे पुलीस आजु अबैध रुप मे चल रहल दारु भठ्ठीसब नोक्सान कईले बा ।

ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वा सुगौली के प्रहरी निरीक्षक रामकाजी थापा आ ईलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी नायब निरीक्षक गजानन्द साह आ मातहत के पुलीस टोली ठोरी गाँवपालिका वार्ड नम्बर पाँच मे अबैध रुप मे संचालित दस गो दारु भठ्ठी सब फोरला के साथे एक हजार लिटर कच्चापदार्थ आ ५० लिटर तईयारी दारु बरामद कईले बा ।

बरामद कईल कच्चापदार्थ आ तईयारी दारु स्थानीय भद्रभलादमी जनप्रतिनिधि आ सन्चारकर्मी के रोहवर मे नोक्सान कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता एवम प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजित कुवर जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।