कटहरिया न.पा के मेयर कुशवाहा ढल व्यवस्थापन के शिलान्यास कईनी

मेवालाल यादव

रौतहट २७ माघ

रौतहट स्थित कटहरिया नगरपालिका के मेयर सियाराम कुश्वाहा ढल व्यवस्थापन निर्माण के शिलान्यास कईले बानी ।

सानाशहरी खानेपानी टयांकी किनार मे आजु एक समारोह के बिच ब्रहमणद्धारा मन्त्रोचारण पश्चात मेयर कुश्वाहा ढल के शिलान्यास कईले बानी ।

कुल ५६ करोड ५६ लाख के टेण्डर आव्हान भईल आयोजना के सिलान्यास के बाद मेयर कुश्वाहा कटहरियाबासी से स्वच्छ खानेपानी के साथे बाताबरण भी सफा मिलेके बतवले बाडन ।

तेस्रो सानासहरी तथाखानेपानी आयोजना अन्तरगत नेपाल सरकार के ८५ प्रतिशत आ कटहरिया नगरपालिका के १५ प्रतिशत लगानी मे आयोजना पुरा होखेके मेयर कुश्वाहा जानकारी देहले बाडन ।

साबीक कटहरिया गाबिस अभी कटहरिया नगरपालिका वार्ड ४ आ ५ मे करके कुल १४ किलोमिटर चार सय मिटर लम्हर ढल निर्माण होखी ।

ढल निर्माण के बाद उ वार्ड के १६ सय परिवार लाभान्वित होखेके भा ढल से घर के फुहरपानी तथा बर्षात के पानी सहजरुप मे ब्यवस्थापन होखेके खानेपानी उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष योगेन्द्र साह जानकारी देहले बाडन ।

आश्रय जेबी निर्माणसेवा घटाघट प्रकृया मुताविक कुल ३४ करोड मे टेण्डर लेहल तथा १८ महिना मे निर्माण पुरा करेके सहमती भईल अध्यक्ष साह बतवनी ।

शिलान्यास समारोह मे सानासहरी खानेपानी आयोजना के निर्देशक रामकुमार श्रेष्ठ, उपनिर्देशक टिका चौधरी, लेखा उपसचिव पदम बहादुर कुँअर, टिमलिडर ईन्द्र पौडेल, कन्ट्क्ट मेनेजमेन्ट अनिल यादव, वार्ड नं. ५ के अध्यक्ष सर्फलाल गुप्ता, नवल मुखिया, राजकुमार मुखिया, बिजय यादव, नेकपा नेता बिनोद साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।