बीरगंज मे खाद्य स्वच्छता तथा गुणस्तर सम्बन्धि बतकही कार्जक्रम पुरा

वीरगंज २७ माघ

स्वच्छता तथा गुणस्तर सम्बन्धि बतकही कार्जक्रम बीरगंज के होटेल भिस्वा मे आजु पुरा भईल बा ।

खाद्य प्रबिधि तथा गुणस्तर नियन्त्रण डिभिजन कार्यालय बीरगंज के आयोजना मे तथा होटेल व्यवसायी संघ पर्सा के सहकार्य मे बीरगंज महानगर मे रहल होटेल, रेस्टुरेन्ट, क्यान्टिन, भोजनालय, मिठाई दोकानसब के खाद्य स्वच्छता कायम करे खातिर पालना करेवाला जरुरी मापदण्डसब के बारे मे खाद्य प्रबिधि तथा गुणस्तर नियन्त्रण डिभिजन कार्यालय बीरगंज के कार्यालय प्रमुख बिक्की राउत कार्यपत्र प्रस्तुत कईले रहनी ।

कार्यपत्र मे होटेल के आरीपाछि के वातावरण सफा राखेके, खाद्य बस्तु तईयार कईला पर पिए मिलेवाला सफा प्रशोधित पानी के प्रयोग करेके, पानी भण्डारण टयाङ्गकि के नियमित सरसफाइ करेके, खाना के बढिया से पकडावेके, गरम खाना के ६०डिग्री सेल्सियस से बेसी आ ठण्डा खाना के ५ डिग्री सेल्सियस से निचे भण्डारण करेके, मांसाहारी आ शाकाहारी तथा पाकल आ काच खाना के अलग अलग बरतन मे राखेके, सफा कपडा आ एप्रोन के प्रयोग करेके, हेयर क्याप, माक्स, जुत्ता कभर, पन्जा आदि के प्रयोग करेके, खाना छुवे से पहिले आ बाद मे, सिपटी के प्रयोग के बाद, नाक कान छुवला के बाद आ खोकी लागला के बाद साबुन पानी से बढिया से हाथ धोवेके बतवनी ।

एहितरे बेमार भईल समय भान्सा मे काम ना करेके आ बरतन औजार सफा करेके, भिजल तथा सुख्खा फुहर के खातिर अलग अलग ढ्क्कन सहित के डस्टविन के व्यवस्था करेके, खाना तोप के राखेके, चायापत्ती फेनु प्रयोग करे ना मिली, खाना प्याक कईला पर पत्रिका के प्रयोग ना करेके, रङ्ग के बेसी प्रयोग ना करेके, सिपटी आ किचेन सफा राखेके, १८ बरीस निचेके लईकालइकी के काम करावे ना मिलेके, एहितरे नागरिकता ना भईल आदमी के काम मे ना राखेके, कच्चापदार्थ खरिद तथा भन्डारण कईला पर लेबल, उत्पादन मिति, एक्स्पायर मिति, मुल्य, लिकेज, ब्रेकेज मे ध्यान देके देखेके लगायत के विषय मे ध्यान देवे खातिर निहोरा कईले रहनी ।

एकर पालना ना कईला पर अनुगमन के समय मे कारवाही के भागिदार होखेके आ कानुनी कारवाही भी अगाडि बढावेके भी उ कार्जक्रम मे उपस्थित व्यवसायीलोग आ प्रतिनिधिलोग के जानकारी करावल गईल रहे ।

खाद्य प्रबिधि तथा गुणस्तर नियन्त्रण डिभिजन कार्यालय बीरगंज के प्रमुख किक्की राउत के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आस्मान तामाङ, एहितरे नेपाल पत्रकार महासघ प्रदेश न.२ के सदस्य जगत राई, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल, उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च बीरगंज महानगर अध्यक्ष अजित कुमार भुजेल, घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय बीरगंज के अशोक पान्डे, होटल व्यवसायी संघ पर्सा के अध्यक्ष दिपकमान श्रेष्ठ लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

स्वागत मन्तव्य नेपाल होटेल तथा पर्यटन व्यवसायी महासंघ प्रदेश न.२ के महासचिव तबरेज आलम कईले रहनी आ सञ्चालन उपभोक्ता हित संरक्षण मञ्च कलैया नगर कमिटी के सदस्य बिनोद पटेल कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।