नेपाल ईन्डो नक आउट टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट खेल मे पटना फाईनल मे पुगल

प्रभु यादव
बारा २८ माघ
नेपाल ईन्डो नक आउट टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट खेल मे सेमिफाईनल मे पटना क्रिकेट क्लव ८४ रन से जित के फाईनल मे पुगल बा ।
बारा के प्रसौनि गाँवपालिका वार्ड नम्वर २ के चटिया बाबा खेल मैदान मे होरहल नेपाल ईन्डो होस्पिटल टि–२० नक आउट क्रिकेट खेल मे सेमिफाईनल मे बुध के दिने पटना क्रिकेट कल्ब आ सर्लाहि क्रिकेट क्लब बिच खेल भईल रहल । पटना क्रिकेट कल्ब टस जित के बयाटिङ्ग कईल २० ओभर के खेल मे पटना क्रिकेट क्लब पटना बिहार सभे ओभर खेलत दु सय दु रन बनावले रहल ।
जवाव मे दु सय तीन रन के लक्ष्य लेके फिल्ड मे उतरल सर्लाहि क्रिकेट क्लब १९ ओभर २ बल मे सभि बिकेट गँवा के एक सय १८ रन बनावे मे सफल भईला से पटना क्रिकेट क्लब बिहार ८४ रन से बिजयी होके फाईनल मे पहुचल बा ।
म्यान अफ दि म्याज पटना क्रिकेट क्लब बिहार के देवा कुमार के प्रदान कईल गईल । कुमार ३० रन ३ बिकेट के सफल योगदान देके आपन क्लव के विजयी करावे मे सहजोग कईले रहलन ।
नेपाल ईन्डो नकआउट टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट खेल के प्रमुख अतिथि राष्ट्रिय बाणिज्य बैंक प्रादेशिक कार्यालय बीरगंज के निमित्त प्रमुख नर्सिङ्गनारायण यादब आ बिशिष्ट अतिथि पुर्ब साँसद लालबाबु सिंह के आतिथ्यता मे पहिलका सेमिफाईनल खेल सम्पन्न भईल बा । ११ स्टार क्रिकेट क्लब प्रसौनि बारा के अध्यक्ष अतिन्द्र राउत के अध्यक्षता मे सम्पन्न कार्यक्रम के सञ्चालन त्रिपुरारी राउत कईले रहलन ।
नेपाल ईन्डो होस्पिटल टि २० क्रिकेट टुर्नामेन्ट खेल के दुसरका सेमिफाईनल खेल मकवानपुर क्रिकेट कल्ब आ बीरगंज क्रिकेट कल्ब बिच वियफे के विहनिया के ११ः०० बजे से चटिया बाबा खेल मैदान मे होई कहके आयोजक क्लव के अध्यक्ष राउत जनकारी करावले बाडन ।
फाल्गुन १ गते शनिचर के फाईनल खेल मे पटना क्रिकेट क्लव आ दुसरका सेमिफाइनल खेल मे विजयी बनी ओकरा वीच होखे के राउत जानकारी करावले बानी ।






