वीरगंज मे जसपा के मशाल जुलुश प्रदर्शन, पुलीसद्धारा हस्तक्षेप

वीरगंज २८ माघ

संसद विघटन के विरुद्ध जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) पर्सा आजु वीरगंज मे मशाल जुलुश प्रदर्शन कईले बा । तिसरका चरण के आन्दोलन के कार्जक्रम अन्तर्गत जसपा से निकालल मशाल जुलुश मे पुलीस हस्तक्षेप कईला पर ९ जने घायल भईल बाडन आ ४ जने के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले रहे ।

वीरगंज के लिंक रोड, माइस्थान आ लाठ गली से निकलल मशाल जुलुश घण्टाघर पुगला पर पुलीस हस्तक्षेप कईले रहे । उहे समय मे प्रदर्शनकारी आ पुलीस बिच झडप भी भईल रहे । पुलीस ४ जने प्रदर्शनकारी के नियन्त्रण मे भी लेहले रहे ।

जसपा के केन्द्रिय सदस्य मोनिका सिंह, मुनी श्रीवास्तव, राजेश साह, प्रभु साह, राजेश साह के पुलीस पकडल जसपा पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव बतवनी । प्रदर्शन के समय मे पकडाईल चारु जने के पुलीस कुछ देर के बाद छोडले रहे । प्रदर्शन के बाद अध्यक्ष यादव के नेतृत्व मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पुगल टोली के जिम्मा मे पुलीस उलोग के छोडले रहे ।

मशाल जुलुश प्रदर्शन के समय मे प्रदेश सांसद प्रहलाद गिरी सहित ९ जने घायल भईल जसपा वीरगंज नगर अध्यक्ष ओमप्रकाश सर्राफ बतवनी । जसपा के नेता कृष्णा पटेल, श्रीराम गिरी, एजाजबाबु राँकी, रुपक पटेल, सरोज यादव, दिपु बर्मा, गौरव बर्मा, रिपु बर्मा घायल भईल नेता सर्राफ बतवनी ।

घायललोग के वीरगंजस्थित नारायाणी अस्पताल मे ईलाज हो रहल जनावल गईल बा ।

प्रदर्शन मे प्रदेश सांसद करिमा बेग्म, जन्नत अंसारी, जसपा के केन्द्रिय महासचिव शिव पटेल, नेजामुद्दिन सम्मानी, फिरोज मंसुर, शिवजी सोनी, बिरेन्द्र यादव, जगदिश पटेल, ओम प्रकास सर्राफ, सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल, बिन्दवासिनी गाँवपालिका अध्यक्ष श्रीलाल साह कानु, पोखरिया नगरपालिका के उपमेयर सलमा खातुन लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।