नेपाली काँग्रेस रौतहटद्धारा बिरोध प्रदर्शन के तइयारी

मेवालाल यादव

रौतहट २९ माघ

नेपाली कांग्रेस रौतहट फागुन ३ गते सदरमुकाम गौर मे ओली सरकार के असंबैधानिक काम के बिरुद्ध मे लाखो जानता के उपस्थित मे बिरोध प्रदर्शन करेके तइयारी हो रहल जनावल गईल बा ।

पार्टी सभापति कृष्णा यादव के अध्यक्षता मे सहभागी पार्टी नेता, कार्यकर्ता के उल्लेखनीय सहभागिता से गौर नगरपालिका के बी.पी.चौक मे मेयर अजय गुप्ता द्वारा शिलान्यास कईल घण्टाघर के निर्माण काम तत्काल रोकेके दबाब बढावेके आ गौर राईस मिल्स यथासीघ्र सार्बजनिककरण करावे के काम मे सक्रिय भूमिका खेले खातिर सामुहिक निर्णय कईल बा ।

असबैधानिक काम के विरुद्ध मे आन्दोलन आ गौर नगरपालिका के मेयर गुप्ता द्वारा विकास के नाम मे बिनाश काम के बिरुद्ध मे संगे आन्दोलन करेके चेतावनी सहित के निर्णय कईल गईल बा ।

सहभागी बईठक मे पूर्ब सुनील यादव मेयर शेख सकील, मेयर परोहा नगरपालिका के शेख वकील, मेयर राम सनेहि, मेयर धीरेंद्र सिंह, मेयर श्याम प्रसाद यादव, मेयर गोपाल यादव, दुर्गाभगवती गाँवपालिका के प्रमुख अरुण साह, पार्टी महासमिति सदस्य रामचन्द्र गिरी, देवचन्द्र मिश्र, राजनीति विश्लेषक चिरंजीबी प्रसाद सिंह लगायत के सयो नेता कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।