पञ्चायतकाल से बेसी क्रुर ओली सरकार सावित भईल ः नेता यादव

मेवालाल यादव
रौतहट २९ माघ
रौतहट के सदरमुकाम गौर स्थित जनता समाजवादी पार्टी, नेपाल के केन्द्रिय कार्यकारिणी सदस्य पूर्वमन्त्री मा. महेन्द्र यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे अगुवा नेताकार्यकर्ता भेला आजु गौर नगरपालिका के सभा हल मे पुरा भईल बा ।
उ कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथी जसपा केन्द्रीय सदस्य एवं प्रदेश २ के प्रदेश सभा सदस्य रामकिशोर यादव उर्फ किशोरी यादव सम्बोधन करत पञ्चायतकाल से बेसी क्रुर सरकार केपी ओलि के सरकार सावित भईल उ बतवनी ।
मधेस आन्दोलन से सङघियता लियाके देश के जनता के यादगार कराके केपि ओली तनासाह के जसपा गिराई, देश के सत्ता जसपा हि सम्हारके समृद्ध लिआई कहके जनता के बुझाइ रहल बतवनी ।
आन्दोलन कमजोर भईला के मुख्य दोषी शिर्ष नेतृत्व हि होखी, अभी तक जिल्ला समायोजन ना भईल नेता कार्यकर्ता के सम्पर्क बिहिन भईल स्वभाविक हि ह । आन्दोलन मे शिर्ष नेता के उपस्थिति अनिर्वाय से मजबुत होखी कहके बतवनी ।
केपी ओली के सामुने ना संविधान बा, ना जनता बा, ना राष्ट्र बा मात्र खुद छानेवाला के जसपा जनता के निचे लियाके छोडि कहत उ अगुवा कार्यकार्ता भेटघाट कार्जक्रम के अध्यक्षता गिता कुशवाहा कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे देवाहि गोनाहि नगरपालिकाका नगर प्रमुख धर्मेन्द्र पटेल, उपसभापति आशिष यादव, युवा नेता श्याम बिहारि यादव, युवा नेता मो. सकिल अकतर, सोभा साह, बृजकिसोर यादव, मेयर अजय गुप्ता लगायत नेतालोग के सहभागीता रहल रहे ।






