रौतहट मे चक्कु प्रहार से २ जने घायल
रौतहट ३० माघ
रौतहट के गौर मे चक्कु प्रहार से दु जने युवक घायल भईल बाडन ।
बियफे के रात गौर नगरपालिका–७ सिसवा टोल मे चक्कु प्रहार भईला पर गौर–१ के सुरेश दास आ अनिल दास घायल भईल बाडन । जनानी के विषय मे विवाद भईला पर चक्कु प्रहार भईल पुलीस जनवले बा ।
मरद वैदेशिक रोजगारी मे रहल उ जनानी पडोसी पुरुष दुख देहल कहके आफन्त के फुन कईले रहनी । बितल रात स्थानीय राम सोगारथ पासवान उ जनानी के घर मे घुसेके खोजला पर जनानी फुन करके आफन्तलोग बोलईला के बाद पासवान के बेटा सहित के आफन्त जनानी के दु भाई के चक्कु प्रहार कईले रहलन ।
राम सोगारथ के बेटा राजु पासवान, आफन्त बालदेव पासवान, विसु पासवान, राजन पासवान आ विकास पासवान चक्कु प्रहार कईल जनानी बतवनी । गम्भीर घायल दुनु युवक के गौर अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । चक्कु प्रहार करेवालालोग फरार रहल आ उलोग के खोजतलास जारी रहल रौतहट के प्रहरी प्रमुख एसपी सिद्धिबिक्रम शाह बतवनी ।






