रौतहट बौधीमाई नगरपालिका–७ के वार्ड अध्यक्ष पकडईलें

मेवालाल यादव

रौतहट ३० माघ
रौतहट जिल्ला के बौधीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर ७ बन्कुल के वार्ड अध्यक्ष पुलीस के हिरासत मे पुगल बाडन ।

उ नगरपालिका वार्ड नम्वर ७ के वार्ड अध्यक्ष विजय कुश्वाहा उपर सशस्त्र पुलीस के विओपी बंकुल मे स्थानीयलोग के चढाबढा के आक्रमण करके बरामद कईल पशु चौपाया के भगा के अपराध कईल अभियोग मे शुक के दिन के १ बजे जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट गौर से खटल पुलीस टोली नियन्त्रण मे लेहले बा ।

जनप्रतिनिधि होके वार्ड अध्यक्ष पद मे रहके तस्करी के काम के बढावा देहल तथा सिमा क्षेत्र मे सुरक्षार्थ खटल सशस्त्र प्रहरी भारत से नेपाल प्रवेश कईल भईस पाडा के बितल माघ १० गते बरामद करके विओपी मे राख के जरुरी कारवाही के खातिर गौर भन्सार कार्यालय ओरी पठावे से पहिले उ स्थानीय के चढाबढा के विओपी मे आक्रमण कराके बरामद कईल चौपाया भगईला के साथे स्थानीय के आक्रमण से विओपी मे नोक्सानी पुगला के बाद शान्ति सुरक्षा मे खलल पुगईला मे उनका उपर पक्राउ पुर्जी जारी कईल रहे ।
पक्राउ पुर्जी जारी भईला के बाद वार्ड अध्यक्ष कुश्वाहा लुकाके रहत अईला पर भी आजु दिन के पुललीस उनका के पकडेमे सफल भईल बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट मे जरुरी अनुसन्धान के बाद कार्यालय खुलल दिन मे उपस्थित होखेके शर्त मे उहे नगरपालिका वार्ड नम्वर ६ के वार्ड अध्यक्ष के जिम्मा मे कुश्वाहा के तत्काल छोडल गईल रौतहट के प्रहरी प्रमुख एसपी सिद्धि विक्रम शाह जानकारी देहले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।