अनाथ आश्रम के अध्यक्ष उपर पुडासैनी कईलें बलात्कार के प्रयास : पिडित

मेवालाल यादव

रौतहट ३० माघ

रौतहट के सदरमुकाम गौर नगरपालिका के बार्ड नम्बर ५ मे रहल नेपाल भारत मैत्री अनाथ आश्रम के अध्यक्ष प्रभा सिंह खुद के बेर बेर मानसिक यातना देत घर साउ के बेटा गौरब शर्मा पुडासैनी जबर्जस्ती करणी के प्रयास भी कईल आरोप लगवले बाडि ।

गौर नगरपालिका के वार्ड नम्बर ५ मे भाडा के घर मे बितल १४ महिना से रहल नेपाल भारत मैत्री अनाथ आश्रम मे अभी बलात्कार के प्रयास के घटना प्रकाश मे आईल बा । आजु संचारकर्मीलोग से बात करत आश्रम के अध्यक्ष प्रभा सिंह, घर साउ के बेटा गौरब शर्मा पुडासैनी खुद के बेर बेर मानसिक यातना देत, रात दस बजे ड्रग के सेबन करके जबर्जस्ती तरिका से करणी के प्रयास भी कईल खुलासा कईले बानी ।

बितल १४ महिना मे खुद घर साउ के बैंक मार्फत १ लाख चालिस हजार तथा ७६ हजार नगदी देके भरपाई भी लेहल स्पष्ट कईले बानी ।

अभी तक घर बहाल, बिजुली बत्ती के बिल, खानेपानी के बिल भी चुक्ता कइल अवस्था मे भी घर साउ के बेटा गौरब शर्मा पुडासैनी खुद के मानसिक यातना देत जबर्जस्ती करणी के प्रयास भी कईला से नागरिक समाज, पत्रकार, महिला अधिकारकर्मी, लगायत सम्बन्धित निकाय से न्याय के खातिर निहोरा कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।