नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के दुसरका प्रदेश साधारण सभा पुरा

वीरगंज ०१ फागुन

नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के दुसरका प्रदेश साधारण सभा के प्रमुख अतिथि नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय अध्यक्ष गोविन्द आचार्य प्रेस तथा अभिव्यक्ति स्वतन्त्रता के सरकार से नियन्त्रण करेके खोजला पर आन्दोलन करेके चेतावनी देहनी ।

वीरगंज के नगरसभागृह मे भईल प्रदेश साधारणसभा के सम्बोधन करत अध्यक्ष आचार्य सरकार लोकतन्त्र उपर प्रहार करे खातिर संसद् विघटन कईल आ प्रेस स्वतन्त्रता के कुण्ठित आ नियन्त्रण करे खातिर अनलाइन निर्देशिका लियावेके तइयारी कईल बतवनी । उ निर्देशिका मे अनलाइन सूचना सम्प्रेषण के प्लेटफर्मसब के नियन्त्रण करके प्रेस स्वतन्त्रता के समाप्त करे खातिर सरकार लागल भी उ आरोप लगवनी ।

नेपाल के सबसे पुरान नागिरक संस्था नेपाल पत्रकार महासंघ स्थापनाकाल से हि राष्ट्रिय हित, लोकतन्त्र, नागरिक हित, श्रमजीवी पत्रकार के पक्ष मे काम करत आईल बतवनी । उ समय सापेक्ष ई संस्था के आउर सुदृढ आ लोकतान्त्रिक चरित्र के बनावेके समय आईल बतावत अनेकन किसिम के निर्देशिका लिया के सरकार संचारकर्मीलोगके आपन नियन्त्रण मे राखेके प्रयास कईला मे ओकर बिरोध कइनी ।

उ राज्य मे लोकतन्त्र बरियार भईला पर प्रेस स्वतन्त्रता भी बरिया होखेके बतावत लोकतन्त्र आ प्रेस स्वतन्त्रता एक दोसर के परिपूरक ह आ संघीयता तथा लोकतन्त्र के खातिर नेपाल पत्रकार महासंघ हरदम संघर्ष करत रहेके बतवनी । उ वितल समय मे मिडिया काउन्सिल विधेयक फिर्ता करावे खातिर जईसे नेपाल पत्रकार महासंघ एकजुट होके संघर्ष कईले रहे, ओहितरे हि लोकतन्त्र आ प्रेस स्वतन्त्रता के खातिर सभी पत्रकार के छाता सङ्गठन नेपाल पत्रकार महासंघ काम करेके बतवनी ।

उ नेपाल मे वार्षिक १४ अरब रोपेया के विज्ञापन के कारोबार होखेके आ ओमेसे ४ अरब के सरकारी कार्यालय के मात्र विज्ञापन भईला से महासंघ आवेवाला दिन मे पत्रकार कल्याण कोष मे वार्षिक विज्ञापन के १० प्रतिशत रकम पत्रकार कोष मे राख के पत्रकार के वृत्तिविकास तथा आउर सामाजिक सुरक्षा के खातिर खर्च करेके नीति महासंघ से लियावे लागल बारेमे भी जानकारी देहनी । उ फागुन ४, ५ गते केन्द्रीय महासंघ के अधिवेशन करके जिल्ला, प्रदेश आ केन्द्रीय कमिटी के चुनाव के खातिर एगो मतपत्र से चुनाव के मिति तय करेके कार्जक्रम रहल बतवनी ।

महासंघ के केन्द्रीय महासचिव रमेश विष्ट संसद् विघटन करके प्रधानमन्त्री लोकतन्त्र उपर धावा बोलल चर्चा करत उ बितल समय जईसन आवेवाला दिन मे भी महासंघ सशक्त होके लागेके बतवनी ।

प्रेस युनियन नेपाल के केन्द्रीय अध्यक्ष बद्री सिग्देल प्रधानमन्त्री बन्दुक आ बुलेट के ज्याकेट लगावेके मात्र बाँकी राखल बतवनी ।

एहितरे उदघाटन सत्र मे रु २५ हजार राशि के प्रादेशिक पत्रकारिता पुरस्कार–२०७६ से नेपाल पत्रकार महासंघ के पूर्वअध्यक्ष धर्मेन्द्र झा आ प्रादेशिक पत्रकारिता–२०७७ से नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के पूर्वअध्यक्ष शत्रुघ्न नेपाल के पुरस्कृत कईल रहे । एहितरे पर्सा से सप्तरी तक आठ जिल्ला मे लम्हर समय से पत्रकारिता करत आईल आठ जने अग्रज पत्रकार के दोसल्ला ओढाके प्रशंसापत्र सहित सम्मानित कईल रहे ।

सम्मानित होखेवाला मे पर्सा के शेषमन पडित, बारा के रामेश्वर मेहता, रौतहट के विनयलाल दास, सर्लाही के रोशन न्यौपाने, महोत्तरी के रवीन्द्र उप्रेती, धनुषा के अजय झा, सिराहा के चन्द्रदेव कान्ति आ सप्तरी के प्रेस स्वतन्त्रता सेनानी बैधनाथ झा रहल बाडन ।

पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे महासंघ के पूर्व अध्यक्ष धर्मेन्द्र झा, महासंघका कोषाध्यक्ष राजेश मिश्र, प्रेस युनियन के महासचिव अजयबाबु शिवाकोटी, महासंघ के केन्द्रिय सदस्य देव कुमार यादव, शैलेन्द्र झा, अवधेश कुमार झा, वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी, उप मेयर शान्ति कार्की, नेकपा पर्सा के अध्यक्ष प्रभु हजरा पासवान, नेपाली कांग्रेस पर्सा के अध्यक्ष अजय द्विवेदी, जनता समाजवादी पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव, भारतिय महावाणिज्य दूतावास के पोल्टिकल कन्सुलर शैलेन्द्र कुमार, प्रेस संगठन नेपाल के केन्द्रिय सदस्यद्वय राघव साह, वृजलाल पासवान, नेपाल फोटो पत्रकार महासंघ प्रदेश नं. २ के अध्यक्ष पंकज श्रेष्ठ, फोनिज प्रदेश नं. २ के इन्चार्ज निरज पिठाकोटे मगर, पर्सा के निमित्त प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्साका प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

महासंघ प्रदेश नं. २ के उपाध्यक्ष केशी लामिक्षाने से स्वागत मन्तव्य राखल कार्जक्रम के संचालन महासचिव किरण कुमार कर्ण कईले रहनी । साधारण सभा के बन्द सत्र से महासचिव किरण कर्ण के संगाठनिक प्रतिवेदन परिमार्जन सहित आ कोषाध्यक्ष प्रवीण साह के आर्थिक प्रतिवेदन सर्वसम्मत रुप मे पारित कईल जनावल गईल बा । सदस्यता सम्बन्ध मे जिल्ला से सर्बसम्मत सिफारिश होके आईल निर्णय के भी सभा से अनुमोदन कईले बा ।

एहितरे सदस्यता बितरण आ तथा नविकरण के बिषय मे पडल पूनरावलोकन उजुरीसब स प्रमाण केन्द्रीय संगठन बिभाग मे पठावेके निर्णय भइल बन्द सत्र के अध्यक्ष मण्डल के सदस्य अवधेश झा बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।