नेपाली कांग्रेस के जिराभवानी मे प्रशिक्षण कार्जक्रम

वीरगंज ०१ फागुन

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. ४ के (ख) मे आजु नेपाली कांग्रेस के प्रशिक्षण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

प्रदेश सभा क्षेत्र अन्तर्गत के वार्ड सभापति, सचिव आ कोषाध्यक्षलोग के खातिर जिराभवानी गाँवपालिका के वार्ड नं. १ जगतिया मे प्रशिक्षण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

प्रशिक्षण कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य रमेश रिजाल संगठन बिस्तार आ निर्माण मे लागे खातिर आदेश देत उ तोकल मिति मे निर्वाचन होखे सकेवाला भईला से संगठन बनावेके बात मे जोड देहनी ।

नेपाली कांग्रेस प्रदेश सभा क्षेत्र नं. ४ के (क) के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे फागुन ७ गते से क्षेत्र अन्तर्गत के १६ गो वार्ड मे संचालन मे आवेवाला पार्टी के वार्ड कार्यालय के खातिर बोर्ड आ बैग भी बाँटल गईल रहे ।

क्षेत्रिय सभापति श्रीकान्त यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे महासमिति सदस्य बशिष्ठनारायण कुर्मी, बृहस्पति श्रेष्ठ, रामदेव चौहान, जिल्ला सदस्य नविन सिंह, रामु पाण्डे, नेता दिनेश चौधरी लगायत केलोग प्रशिक्षण देहले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।