अवैधरुप मे डिजेल भारत लेजाएवाला तीन जने पकडईलें

वीरगंज ०३ फागुन

अवैध रुप मे डिजल भारत ओरी निकासी करेवाला तीन जने के पुलीस पकडले बा ।

मकवानपुर के मनहरी गाँवपालिका–३ रहेवाला ३३ बरीस के रामकृष्ण उप्रेती, राक्सीराङ गाँवपालिका–३ रहेवाला २१ बरीस के अशोक पाख्रीन आ पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका– २२ के शम्भु महतो पकडाईल बाडन । पुलीस के मुताविक पकडाईल उप्रेती ना.७ ख १५११ नम्बर के ट्याङ्कर चालक, पाख्रीन सहचालक आ गुप्ता स्वेता आलय ट्रेडर्स के मुन्सी हउवन् ।

एतवार के रात ६ः५० बजे च्याम्बर मे १ हजार लिटर आ ट्याङ्कर के फयुल ट्याङक मे ३६० लिटर करके जम्मा १ हजार ३६० लिटर डिजेल भारत ओरी निकासी कर रहल समय उलोग के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कायालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर जानकारी देहनी ।

वीरगंज–२२ जगरनाथपुरस्थित स्वेता आयल ट्रेडर्स से ट्याङ्कर मे डिजेल भर के अवैध रुप मे निकासी करे खातिर आईसीपी के मुल रास्ता होत भारत ओरी जा रहल बा कहके विशेष सूचना के आधार मे पुलीस टोली खटल रहे । आईसीपी के मुलगेट मे ट्याङ्कर रोक के चेकजाँच कईला पर उ परिमाण के डिजेल बरामद भईल पुलीस जनवले बा ।

पकडाईल तीनु जने उपर आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

पुलीस के मुताविक भारत से नेपाल मे डिजेल, पेट्रोल लगायत के इन्धन सस्ता मे मिलेवाला भईला से भारतओरी तस्करी होखेला । अभी वीरगंज मे डिजेल के प्रतिलिटर मूल्य ९३ रोपेया रहल बा आ भारतीय सीमावर्ती बजार रक्सौल मे ८४.६३ रोपेया भारू अर्थात १ सय ३५ रोपेया रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।