६० बरीस से बेसी उमिर के नागरिक के २३ फागुन से कोरोना खोप

काठमाण्डु ५ फागुन
सरकार आवेवाला २३ फागुन से ६० बरीस उपर के जेष्ठ नागरिक के कोभिड–१९ विरुद्ध के खोप देवेके जनवले बा ।
बुध के दिने बईठल स्वास्थ्य मन्त्रालय के इन्सिडेन्ट कमाण्ड सिस्टम के बईठक से २३ फागुन से ६० बरीस से बेसी उमिर के जेष्ठ नागरिक के खोप देवेके निर्णय कईले बा । ‘६० बरीस से बेसी के करिब २८ लाख जनसंख्या होखी’ मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. जागेश्वर गौतम कहनी, ‘२० लाख खोप सेरम इन्स्टिच्युट अफ इन्डिया से खरिद करके लियावल जा रहल बा । कोभ्याक्स मार्फत भी आवत बा । ओहिसे खोप के कमी ना होखी ।’
एकरा से पहिले मन्त्रालय ५५ बरीस से बेसी के आदमी के खोप देवेके योजना मुताविक आन्तरिक तईयारी कईले रहे । खोप व्यवस्थापन के खातिर अभी ६० बरीस से बेसी के नागरिक के प्राथमिकता मे राखल कहत उ, ‘जलदी ५५ बरीस आ ओकरा से कम उमिर समूह के आदमीसब के खोप मिली ।’






