इशनाथ नगरपालिका आपन भवन के शिलान्यास कईलख

मेवालाल यादव
फागुन ०५ फागुन
रौतहट के इशनाथ नगरपालिका के आपन भवन निर्माण होखेवाला भईल बा । इशनाथ नगरपालिका के मेयर सन्तोष मेहता आजु नगरपालिका कार्यालय भवन के शिलान्यास कईले बानी ।
इशनाथ नगरपालिका ३ औरैया मे नगर प्रमुख मेहता नगरपालिका के कार्यालय भवन के शिलान्यास कईले बानी ।
आजु एगो कार्जक्रम के बीच नगर प्रमुख मेहता शिलान्यास कईला सँगे इशनाथ नगरपालिका के अब आपन भवन निर्माण होखे लागल बा ।
औरैया स्थित तिन कठ्ठा जमिन मे नगरपालिका के भवन बने लागल बा । एक जने जनप्रतिनिधि नगरपालिका के भवन निर्माण के खातिर कुछ दिन पहिले मात्र आपन तिन कठ्ठा जमिन निःशुल्क दान देहले रहलन ।
नगर प्रमुख सन्तोष मेहता के अथक प्रयास मे वार्ड नं ३ औरैया के वार्ड अध्यक्ष रामकैलाश राउत नगरपालिका के भवन निर्माण के खातिर आपन लाखो के उ तिन कठ्ठा जमिन निःशुल्क उपलब्ध करवले बाडन । उहे जमिन मे नगर प्रमुख मेहता नगरपालिका के भवन निर्माण करे लागल बा ।
नगरपालिका के आपन भवन ना भईला पर बितल तिन बरीस से भाडा के घर मे नगरपालिका सञ्चालन होत आईल बा माकिर अब नगरपालिका के आपन भवन बने लागला से भाडा के घर मे नगरपालिका सञ्चालन करेके बाध्याता अन्त्य होखेके मेयर मेहता बतवले बाडन ।




