कालिकामाई गाँवपालिका आपन कर्मचारी के काम करे ना देके गैर कर्मचारी से काम करा रहल

वीरगंज ०५ फागुन

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका मे गैर कर्मचारी से सेवा प्रवाह हो रहल बिलल बा । गाँवपालिका के सेवा इकाई से प्रवाह होखेवाला व्यक्तिगत घटना दर्ता अनलाइन अपडेट करेके काम गैर कर्मचारी से कर रहल मिलल बा ।

एमआइएस अपरेटर से करेवाला काम जनप्रतिनिधि के मौखिक न्युक्ति के आधार मे पर्सा के पकहा मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ३ पकहा मैनपुर के सुनिल पटेल कर रहल बाडन । कर्मचारी स्रोत के मुताविक गाँवपालिका के जनप्रतिनिधि मेसे एक जने आपना के बेसी जाने बुझेवाला वार्ड अध्यक्ष उनका के मौखिक न्युक्ति देहले बाडन ।

राष्ट्रिय परिचय पत्र तथा पञ्जीकरण विभाग के निर्देशन ना मानल गाँवपालिका सेवा प्रवाह के खातिर मनमौजी तरिका से गैर कर्मचारी के प्रयोग कईले बा ।

विभाग से देहल एमआइएस अपरेटर आ फिल्ड सहायक के म्याद थप करेके निर्देशन के पालना ना कईल गाँवपालिका सेवा प्रवाह के खातिर गैर कर्मचारी के प्रयोग कईले बाडन । एकरा से विभाग के निर्देशन के बाद उच्च अदालत से कईल आदेश के भी अवहेलना भईल बा ।

उच्च अदालत जनकपुर अस्थाई इजलाश वीरगंज एमआइएस अपरेटर लक्ष्मण साह के हाजिर कराके काम करे देवे खातिर माघ १९ गते गाँवपालिका के नाम मे अन्तरिम आदेश भी जारी कईले रहे । उ आदेश मुताविक माघ २६ गते से गाँवपालिका एमआइएस अपरेटर साह के अलगे रजिस्टर मे हाजिरी करे देहला पर भी काम करे नइखन देत ।

माकिर एमआइएस अपरेटर से करेवाला काम गैर कर्मचारी से गाँवपालिका करा रहल मिलला पर भी गाँववासी चकित भईल बाडन ।

एमआइएस अपरेटर से करेवाला काम कर रहल सुनिल खुद के गाँवपालिका से कहल आधार मे काम कर रहल बतवनी । उ खुद एक महिना से गाँवपालिका मे काम कर रहल बतवनी ।

उ खुद के गाँवपालिका से न्युक्ति ना देहला पर भी कहल आधार मे काम कर रहल स्विकार कइनी । उ सहायक कम्प्युटर अपरेटर पद मे काम कर रहल बतवनी ।

माकिर गाँवपालिका के सूचना अधिकारी अमित चौरसिया उनका सँगे दैनिक ज्यालादारी मे गाँवपालिका से काम करावल बतवनी । अधिकारी चौरसिया “३÷४ दिन से व्यक्तिगत घटना दर्ता के काम रुकला के बाद ५ दिन के खातिर उनका के दैनिक ज्यालादारी नियुक्त करके काम करावल गईल बा” कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।