रौतहट मे साइकल दौर प्रतियोगिता

मेवालाल यादव
रौतहट ७ फागुन
रौतहट के सदरमुकाम गौर स्थित बिपि चौक मे वितल ९ बरीस से होत आईल विद्यालय स्तरीय साईकल प्रतियोगिता आजु एगो समारोह के विच पुरा भईल बा ।
७१ वाँ प्रजातन्त्र दिवस के उपलक्ष्य मे गौर नगरपालिका द्वारा आयोजना कईल महिला साइकल दौड प्रतियोगिता २०७७ कार्जक्रम मे रौतहट के सदरमुकाम गौर स्थित रहल सामुदायिक एवं बोर्डिङ स्कुल प्यासबन सहित के विद्यार्थीलोग प्रभात फेरि निकलले रहलन ।
नगर भितर के सभी सामुदायिक एवं आवासीय विद्यालयसब के विद्यार्थीलोग नेपाल के झण्डा लेके निकालल प्रभात फेरी गौर के बिपी चौक से नगर परिक्रमा करत गौर भन्सार तक पुगल रहे ।
रौतहट के सदरमुकाम गौर से महेन्द्र राज मार्ग होत गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर ६ स्थित के अशलम पेट्रोल पम्प तक महिला साईकल दौड प्रतियोगिता रहल रहे । जउना मे २० जने लइकीलोग के सहभागितामा रहल मेसे १० जने लइकी के साइकल पुरस्कृत करके प्रथम १० हजार, दुसरका ७ हजार ५ सय आ तिसरका होखेवाला के ५ हजार नगद रकम सहित साइकल भी देहल गईल रहे ।
महिला साईकल दौड प्रतियोगिता मे प्रथम विजेता गौर नगरपालिका वार्ड नम्बर ४ टिकुलिया टोल के रोशनी कुमारी, दुसरका मिथलेश कुमारी यादव, वार्ड नम्बर ६ निवासी तिसरका अन्जल कुमारी यादव सहित चउनका स्थान मे वार्ड नम्बर ८ के आरती कुमारी, पाच वाँ स्थान मे वार्ड नम्बर ६ के प्रीयन्का कुमारी ठाकुर, छौ वाँ मे वार्ड नम्बर ३ के लक्ष्मी शर्मा, सात वाँ मे वार्ड नम्बर ७ के प्रीति कुमारी राम, आठ वाँ मे वार्ड नम्बर ८ के मेनुका कुमार्वे साह, नौ वा मे वार्ड नम्बर ४ के ज्ञानु यादव, दश वाँ मे वार्ड नम्बर ८ के विन्दु कुमारी साह लगायत के लइकीलोग मेसे प्रथम, दुसरका आ तिसरका के नगद सहित साइकल बाकी सात जने के मात्र साइकल भी देहल गईल रहे ।
हारल १० जने के सम्मान स्वरुप जनही १ हजार आयोजक देहले रहे । वितल २०६८ साल से महिला साइकल दौड प्रतियोगिता सुरु भईल मुताविक ९ वाँ प्रतियोगिता ई पाली रहल रहे आ २ लाख के लागत मे गौर नगरपालिका के उपमेयर के आर्थिक बरीस के योजना अन्तर्गत रहल रहे ।
गौर नगरपालिका के उप प्रमुख किरण ठाकुर के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिती रौतहट सभापति रामएकवाल राय यादव, एहितरे नगर प्रमुख अजय कुमार गुप्ता, प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव, नेपाल प्रहरी प्रमुख सिद्धी विक्रम शाह, सशस्त्र प्रहरी प्रमुख सुर्य सेन ओली, नेपाली सेना के प्रमुख सहित स्थानीय भद्रभभलादमी, शिक्षक शिक्षिका, संचारकर्मी, निजामती कर्मचारी लगायत के सहभागीता रहल गौर नगरपालिका के जिन्सी फाट प्रमुख जितेन्द्र भारती बतवनी ।






