दरदर्वा मे युवा जागरण कमिटी बनल

वीरगंज ०८ फागुन
युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्साद्धारा सञ्चालित युवा जागरण अभियान अन्तर्गत आजु वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २८ दरदर्वा मे युवा जागरण कमिटी गठन भईल बा ।
दरदर्वा स्थित श्री नेपाल जनता आधारभुत विद्यालय के प्राङ्गण मे भईल युवालोग के भेला से २५ सदस्यीय युवा जागरण कमिटी गठन भईल बा । स्थानिय युवा प्रदीप गुप्ता के संयोजकत्व मे जागरण कमिटी गठन भईल बा । जेकर सह–संयोजक मे आरिफ मियाँ आ पवन पटेल, सदस्यलोग मे धर्मेन्द्र पटेल, राजनेश साह, रामजिवन मण्डल, रामप्रवेश सहनी, सुबाश साह, धिरेन्द्र सहनी, सुसिल सहनी, दिपेन्द्र पटेल, जयकरण माझी, जीवन माझी, कन्हैया राम, मुकेश पण्डित, जितेन्द्र पटेल, राजीव ठाकुर, लक्ष्मण महतो, जयराम महतो, अवधेश सहनी, बलिराम पटेल लगायत रहल बाडन ।
स्थानिय युवा प्रदिप गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि युवा जनशक्ति समाज नेपाल पर्सा के अध्यक्ष बिनेश प्रसाद कुर्मी युवालोग अनेकन समय आ काम मे प्रयोग होत आईल माकिर युवालोग के उन्नति आ विकास के खातिर केहु के ध्यान पुगे ना सकला से युवा जनशक्ति समाज हरपल, हरक्षण साथ मे रहल प्रतिबद्धता जनवनी । युवालोग समाज आ राष्ट्र के अभिन्न अंग भईला से सचेत होके संयमता के साथ एकजुट होके अगाडि बढे खातिर निहोरा कइनी । वार्ड मे अनेकन किसिम के समस्यासब रहला पर भी शिक्षा, स्वास्थ्य, यातायात, रोजगारी लगायत के आधारभुत समस्यासब के पहिचान करके अगाडि बढे खातिर सुझाव देहनी । इहाँ के स्कूल के अवस्था एकदमे दयनिय रहला से सुधार के खातिर आजु से आपन आपन जगहा से लागे खातिर सभी सदस्यलोग से निहोरा कइनी ।
उ अवसर मे युवा जनशक्ति समाज नेपाल के सचिव जायेद हुसैन, युवा जागरण अभियान के सह–संयोजक संगित पाण्डे, अभियान के सल्लाहकार बिरेन्द्र ठाकुर, सदस्यलोग करण पटेल, विक्रम पटेल, अहमद अफरोज आ मनोज प्रसाद कुर्मी लगायत के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के सहजीकरण सदस्य अजय कुमार चौरसिया कईले रहनी ।