मालापोत कार्यालय बारा के निमित्त प्रमुख ६ लाख घुस सहित पकडईलें

प्रभु यादव
बारा ०८ फागुन
बारा के सिमरास्थित मालपोत कार्यालय के निमित्त प्रमुख नायब सुब्बा मनोजकुमार खनाल आ लेखापढी कानुन व्यवसायी बद्रीप्रसाद बडाल पकडाईल बाडन ।
अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग काठमाण्डु के टोली मालपोत प्रमुख अमलेखगंज स्थित जमिन होटल से ६ लाख घुस रोपेया सहित दुनु जने के पकडले बा ।
“सेवाग्राही से खरिद करे लागल जमिन श्रम विभाग से रोक्का बा” कहके सर्जमिन मुचुल्का करके सिफारिस पठाके फुकुवा करेके प्रक्रिया मिला के फास्ट ट्रयाक से पास करावेके कहत उ सेवाग्राही सँगे रोपेया माग कईल उजुरी अख्तियार मे पडल रहे ।
अख्तियार के टोली सेवाग्राही से ६ लाख रोपेया अतिरिक्त रोपेया लेहल अवस्था मे रोपेया सहित उलोग के पकडल गईल अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के प्रवक्ता नारायण प्रसाद सिलवाल जानकारी देहनी ।
शुक के दिने नियन्त्रण मे लेहल उलोग के अख्तियार नियन्त्रण मे राख के आउर अनुसन्धान कर रहल बा ।






