वीरगंज मे लागूऔषध सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज ०९ फागुन
वीरगंज से लागूऔषध नाइट्रोभेट ट्याबलेटसहित एक जने पकडाईल बाडन । पुलीस वीरगंज–३२ चोर्नी रहेवाला २३ बरीस के हरेन्द्र मण्डल के पकडले बा ।
भारत से नेपाल ओरी अटो मे आ रहल मण्डल से लेहल झोरा चेकजाँच करेके समय मे शनिचर के दिन के वीरगंज–१६ रजतजयन्त्री चोक से उ लागूऔषधसहित पकडाईल बाडन ।
उनकर प्लास्टिक के झोरा भितर नाइट्राभेट ट्याब्लेट १ हजार ४ सय ४० पिस आ सेमफेक्स ट्याब्लेट ९६ पिस बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता मनोजित कुँवर जानकारी देहनी ।
मण्डल के जरुरी अनुसन्धान तथा कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल गईल उ बतवनी ।






